महुआ टीवी पर सोमार से बियफे तक रोज रात नौ बजे से देखावल जा रहल धारावाहिक आँचल के धूम मचल बा. प्रसिद्ध अदाकारा रानी मुखर्जी के भाई राजा मुखर्जी के निर्देशन में बनावल जा रहल एह धारावाहिक के निर्माण कृष्णा मुखर्जी आ ज्योति मुखर्जी कर रहल बा लोग. पारिवारिक पृष्ठभूमि वाली कथानक पर बनल एह धारावाहिक आँचल के मुख्य किरदारन में आरती पुरी, एयाज खान, मुकेश सिंह, अनुज कुमार, माया यादव, सबिता श्रीवास्तव, विभा सिंह, दीपक सिन्हा, आ संजय पाण्डे शामिल बाड़े.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त
262 total views, 2 views today