भोजपुरी चैनल महुआ टीवी के रियलिटी शो “नहले पे दहला” आज शनिचर का दिने रात ८ बजे से मेहरारुवन के असल शृंगार “गहना” थीम पर कार्यक्रम देखाई. शो के एंकर मनोज तिवारी “पितरी के गहना पर अतना गुमान बा, सोना के पेन्हबू त का करबू” से कार्यक्रम के शुरुआत करीहें आ ओकरा बाद एपिसोड के खास मेहमान ममता शर्मा के स्वागत “मुँह दिखाई में दिहली अँगुठी पहनाई” गा के करीहें. मनोज मशहूर गायिका ममता से वादा लेत बाड़न कि ऊ “मुन्नी बदनाम हुई” जरुर गइहे.
ओकरा बाद प्रतियोगिता शुरु हो जात बा लड़िकन का टीम में आ मोंछ लगा के आइल लड़कियन का टीम में. वारसीकेय के गीत “तोहरे माथे के बिंदिया” गवले त ममता कहली कि लागल कि रणबीर कपूर के छोट कर के सामने कर दिहल गइल बा. कृतिका के “मोरे होँठवा से नथुनिया.” पर खुश पवन सिंह गावत बाड़े “भगवान बड़ी फुर्सत से तोहरा के बनवले बाड़े”. कल्पना कहतारी कि अगर हमरा बेटी होखीत त चहतीं कि तोहरे जइसन होखे. गोलू के “दुमका में झुमका” सुनके कल्पना कहत बाड़ी कि लागल कि भरत शर्मा गावत बानी. इला “तोहार किरिया” त विकास “नीक लागे टिकुलिया गोरखपुर के” गावत बाड़े. सब जज मंच पर आके गावे लागत बाड़े. आर्या सुनावत बाड़ी “मोरा कलईया सुकुमार हो”. आकाश के पजेबो सगरी जज के मंच पर बोला लेत बा. सुरभि के “फुलवा के बेनी से” गावत बाड़ी आ बाद में रणबीर के गावल गीत “बगलवाली जान मारेली” से एपिसोड के अंत होत बा.
अंत होत बा ममता शर्मा के गीत “मुन्नी बदनाम हुई”.
कार्यक्रमा आजुवे रात आठ बजे से देखावल जाई.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)
421 total views, 2 views today
jiya ye pawan bhaiya ukaad da ho ………… bhojpuri me aap hi sher ho …………… bs manoj bhaya aap b jila top bada ho ……… bs hindi cinema k deklaaa d ki bhojpuri ukadd di hindi pura mumbai ……….. me ……………………… waise pawan bhayaa tu garda kr k rkh tora la hmar jaan hazir ba ho ……. bhojpuri me top baada tu hi n thnxs mahauu tv e reality show khatir 1 sawal baa sur sangram k finale kb hoye ho aaj show me bta diyahhh plzzzzzzzzzzzzzzz
शायद १५ मार्च का आसपास