SujeetChaubey
इंडस्ट्री के जानल-मानल म्यूजिक डायरेक्टर सुजीत चौबे अब हमनी का बीचे नइखन. पिछला 18 जून के दिल के दौरा पड़ला का बाद चौबे जी के गशगालाभ हो गइल.

पैंतालीस साल के अपना जिनिगी में सुजीत जी अपना संगीत करिअर में अनेके हिंदी आ भोजपुरी फिलिमन में संगीत दिहनी. सुजीत जी के बेहद करीबी आ फिल्म निर्देशक ब्रज भूषण जी बतवनी कि बनारस के रहे वाला सुजीत जी पिछला दिने एगो स्टेज शो ला भदोही गइल रहीं जहाॅ दिले के दौरा पड़ला का बाद उहाँ के निधन हो गइल. चौबे जी अपना पीछे पत्नी, एगो बेटा आ एगो बेटी छोड़ गइल बानी.

सुजीत जी के संगीत वाली फिलिमन में हिन्दीं फिल्म ‘एम३’ के अलावा भोजपुरी के ‘नंदू निकम्मा’, ‘सजन संग लागी लगानिया रे’, ‘राजाजी’, ‘सास रानी बहू नौकरानी’ वगैरह खास रहली सँ. एकरा अलावे सुजीत जी अनेके म्यूजिक एल्बम आ भोजपुरी टीवी चैनल ‘महुआ’ अउर ‘संगीत भोजपुरी’ के धारावाहिकन में संगीत दिहल करत रहीं.

बेहद धार्मिक रहल सुजीत जी के एह तरह अचानके भइल निधन से सगरी इंडस्ट्री सदमा में बिया. सभे इहे प्रार्थना करत बा कि चौबे जी के आत्मा के शांति मिलो आ एह दुख के सहन करे के शक्ति मिलो परिवार के. सुपरस्टार रवि किशन चौबे जी के श्रद्धांजलि देत कहलन कि ‘सुजीत जी जइसन महान कलाकार के चल गइला से बहुत दुखि बानी. चौबे जी बढ़िया संगीतकार होखला का साथही बढ़िया इंसानो रहीं. उहाँ के भोजपुरी इंडस्ट्री के बहुते कुछ दिहनी.


(संजय भूषण पटियाला)

 304 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: