LogvaKaKahiबी फ्रेन्डस इन्टरटेंमेंन्ट के बैनर तले बनत फिलिम “लोगवा का कही” के गीतन के रिकार्डिंग के काम पूरा क लीहल गइल बा.

संगीतकार प्रशांत शर्मा, संगीत संयोजक परवेज आलम, लेखक निर्देशक डॉ॰ के विरल, निर्माता बबिता ठाकुर आ मलिकाए तरूनुम, कहानी बबिता ठाकुर. नवोदित गायिका शफकत कलीम एह फिलिम से अपना गायकी के शुरूआत करत बाड़ी.

एह फिलिम ला नौ गो गीतन के गुलद्स्ता के पारंपरिक धुन आ आधुनिक संगीत के फ्यूजन से सजावल गइल बा.

रिकार्डिग का शुभ मौका प नवोदित अभिनेता भारती राज, सतीश साहनी, प्रभात वगैरह दर्जनो कलाकार मौजूद रहले. भारती राज एह फिलिम से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करत बाड़े.

एह फिलिम में उदित नारायण झा आ कल्पना के गावल गीतन से एकरा संगीत के एगो बढ़िया ऊँचाई मिलल बा.


(कुन्दन राज)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: