भोजपुरी संगीत के नहले पे दहला में अबकी हफ्ता रविन्द्र जैन

by | Apr 15, 2011 | 0 comments

महुआ टीवी पर चल रहल रियलिटी शो “नहले पे दहला” अब अपना मंजिल का तरफ तेजी से बढ़ रहल बा. आखिरी दू में चुनाये खातिर अब प्रतिभागियन के छह गो पड़ाव पार करे बा आ हर एपिसोड में दू दू गो पड़ाव आई. चार गो बाचल प्रतिभागियन में से केहू के अगिला तीन पड़ाव तक बाहर के राह ना देखावल जाई. अबकी हफ्ता खास मेहमान जज का रुप में मशहुर गायक रविन्द्र जैन मौजूद रहीहें.
एपिसोड के पहिला पड़ाव में महानतम गायकन के श्रद्धांजलि का तौर पर ओह लोग के गीत गावे के बा. शुरुआत लाडो कृतिका “हे गंगा मईया तोहे पियरि चढ़इबो” से करीहें. विकास के गाना रही “जल्दी जल्दी चला ए कहारा, सूरज डूबे रे नदिया”. आर्यनंदिनी गइहें “खाई के मगहिया पान ए राजा हमरि जान लेबऽ का”. आकाश के गाना होखी “गोरकी पतरकी रे”.
दोसरका पड़ाव में भोजपुरी लोक संगीत के जलवा रही जवना के शुरुआत खुद मनोज तिवारी करीहें “कुँआ के ठंढा पानी पीपल के छाँव” से करीहें. विकास गइहें “बागी बलिया वीरन के धरती, आगि जइसन बरेला” जवना पर पवन सिंह आ कल्पना स्टेज पर आ जइहें. सभे मिल के एह गाना के गाई. तब अइहें कृतिका लाडो जे “पूरब के पनिया खराब रे बिदेसिया” गावे. आकाश के गाना चइता के होखी “हे रामा कंठे सुरवा”. एह परफारमेंस में पवन सिंहो साथ देबे मंच पर आ जइहें आ बाद में धनंजय सिंह आ कल्पना खड़ा हो के आकाश के अभिवादन करीहें. आर्यनंदिनी के गाना रही “अँखिया से ढरके पिया ढर ढर पनिया” जवना के सुन के इमोशनल भइल कल्पना आ के आर्या के अँकवारी बान्ह लीहें.
एह एपिसोड के प्रसारण शनिचर १६ अप्रेल के कइल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up