सईयाँ हमार बॉडीगार्ड अउर रावडी रंगबाज़ के डिजीटल राईट खरीदलसि आर्या म्यूजिक
भोजपुरी सिनेमा संगीत व्यवसाय के नया आयाम देबे वाली म्यूजिक कम्पनी आर्या म्यूजिक (ए यूनिट ऑफ़ सासपीओ ग्रुप) फ़िलिम सईयाँ हमार बॉडी गार्ड के सगरी डिजिटल राईट खरीद लिहलसि. मैंगो मोशन मूवीज के एह फिलिम के निर्माता अभिषेक धारीवाल, निर्देशक प्रदीप श्रेष्ठ, संगीतकार महेश खडके हउवें आ मुख्य कलाकार बाड़ें विराज भट्ट, रेखा थापा, झरना थापा, राजेश हमल वगैरह.
एही ग्रुप के रावडी रंगबाज़ फिलिमो के सगरी डिजिटल राईट आर्या म्यूजिक खरीद लिहले बिया. एकरा केंद्रीय भूमिकन में विराज भट्ट, अनीता अधिकारी, कृष्णा भट्ट, अनुष्का धवल वगैरह बाड़ें.