पिछला दिने मुंबई में भइल फिल्म स्टूडियो सेटिंग एंड एलाईड मजदूर युनियन के तीसवां स्थापना दिवस का मौका प भोजपुरी मेगास्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी आइल प्रतिनिधियन आ दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइले. एह मौका पर मनोज तिवारी भोजपुरी का साथे हिन्दीओ में गाना गवले आ जम के ताली बिटोरले.
मुंबई के अंधेरी में चित्रकूट ग्राउंड पर बोलावल एह भव्य कार्यक्रम में मनोज तिवारी के भव्य स्वागत भइल. एह मौका पर यूनियन के सचिव संजीव श्रीवास्तव, पहिले सचिव रहल दिनेश चर्तुवेदी उर्फ दद्दू, निर्देशक महेश भट्ट, अभिनेता रजा मुराद, अली खान आ कोलकाता के अभिनेत्री रुपा वगैरह अनेके लोग मौजूद रहुवे.
एह कार्यक्रम के संबोधित करत मनोज तिवारी कहलन कि तकनीशियन के बिना फिलिम बनिए ना सके आ एही लोग के सहयोग से उ आजु एह मुकाम ले चहुँपल बाड़े.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
324 total views, 2 views today