सुर संग्राम में शामिल भइलें पपलू प्रतिभागी

by | Oct 23, 2010 | 2 comments

शुक का दिने बिहार के प्रिया राज के विदाई का बाद भोजपुरी के लोकप्रिय चैनल महुआ टीवी के रियलिटी शो सुरसंग्राम के दूसरका सीजन में छह गो प्रतिभागी बाचल रहले. बाकिर ओहू लोग के मालूम रहे कि बीच में कुछ पपलू प्रतिभागी घुसावल जइहें जिनका से अबतक जीतत आइल लोग के संघर्ष करे के पड़ी. पिछलको बेर इहे भइल रहे. प्रतिभागी एह बाति से संतोष कर सकेले कि पिछला बेर कवनो पपलू अन्तिम तीन में ना चहुँपल रहे.

आजु शनिचर से सुर संग्राम के सीजन दू में आठ गो नया पपलू शामिल कइल जा रहल बाड़े. बिहार आ यूपी से चार चार गो. शो के शुरुआत एंकर मनोज तिवारी अपना गायकी से करीहें आ प्रतिबागियन के नया पपलू प्रतिभागियन से जोरदार टक्कर करे के सलाह दीहें. ओकरा बाद सूफी गायिका रेखा भारद्वाज मंच पर अइहें आ अपना एगो लोकप्रिय गीत से धमाकेदार इंट्री मरीहें.

नयका पपलू प्रतिबागियन में से दू गो प्रतिभागी, बिहार आ यूपी से एक एक गो, के विदाई आजुवे हो जाई. बाकी बचल छह जाने में से दू प्रतिभागी अगिला शुक के चुनल जइहें जे मिल के सुर संग्राम में आठ गो हो जइहें. आ आठो जने तब सुर संग्राम के विजेता के दावेदार बने खातिर जूझीहें.

आजु शामिल हो रहल पपलू प्रतिभागियन में बिहार से अभिषेक तिवारी, शुभा लक्ष्मी, राँची के नीलम गुप्ता आ बोकारो के चंदन तिवारी रहीहें. यूपी से शामिल होखे वालन में विशाल ठाकुर, प्रियव्रत मिश्रा, अभिषेक अरुण आ सौरभ रहीहें.

हालांकि जाने लायक बाति होखी कि एह पपलूवन के चुनाव कवना आधार पर कइल जाला. उम्मीद कइल जाव कि शायद एंकर का माध्यम से एह बाति के जानकारी दर्शकन के दिहल जाई. वइसे ई उम्मीद उम्मीदे रहि जाव त कवनो अचरज ना होखी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त से मिलल सामग्री का आधार पर)

Loading

2 Comments

  1. OP_Singh

    अभिषेक भाई,
    हमरा एह बात के अफसोस बा कि रउरा पपलू शब्द पर अतना दुख भइल. बाकिर हमरा समुझ में वाइल्ड कार्ड इन्ट्री ला पपलू शब्द के प्रयोग सहज लागल रहे. रउरा दुख से हमरो दुख भइल बाकिर पपलू के ताकत के रउरा अनदेखी क दिहनी. पपलू ताश के खेल में बहुते ताकतवर पत्ता मानल जाला काहे कि ओकरा के कवनो जगहा पर लगावल जा सकेला.

    अगर हमार जानकारी गलत होखे त बतावल जाई.
    अपने के,
    ओम

  2. Abhishek Arun

    Bahut achaa lagal ki Bhojpuri k suprasidh website Anjoria apan likhe k shaili banawe ke chakar me kuch bat bhulaa jaala.je bhi likhle baa okar dhnyawaad dehum ki ‘Paplu’ shabd ke prayog kaile ba. rauwaa hisaab se sabhe paploo rahe. Dekhal jae ta har kehu apna jeewan me kabo na kabo paploo rahbe karela.Rauwo kabo paploo hokhem .koi mai ke pet se samraat banke na aawela.
    Thik ba , bahot acha lagal ki humni ki k hi smaaj ke budhijivi bhojpuria bhai log aise kalam chalaawela.Jon alochna ke bora odh ke apne pariwar k majaak banawela.

    Abhishek Arun
    Rauaa hisaab se ‘Paploo’ pratibhagi.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up