ZawaniKeJnबिन्दु एण्ड फ़िल्म म्यूजिक के बैनर में बनत म्यूजिक विडियो “जवानी के जंक्शन” के संगीत मुहूर्त मशहूर पार्श्वगायिका रेखा राव आ पार्श्वगायक रुपेश मिश्रा अउर लाली के आवाज़ में गीत रिकार्ड करा के भइल. एह मौका पर मुख्य अतिथि जॉनी भाई फीता काट के मुहूर्त पोस्टर पर से परदा हटवले.

निर्माता बादल शेख, सह निर्माता राजकुमार प्रजापति, निर्देशक दिनेश चन्द्र मिश्रा, गीतकार आ संगीतकार रमेश राज, कार्यकारी निर्माता मनीष सोनकर आ छायाकार स्वप्निल नलावड़े.

एह म्यूजिक वीडियो के मुख्य कलाकारन में श्री कनकनी, देव आनन्द मिश्रा आ मोहिनी धनु श्री का साथे नवोदित कलाकार मंजीतो तिवारी शामिल बाड़न.

मुहुर्त का मौका पर बहुते खासमखास लोग मौजूद रहल आ टीम के आपन शुभकामना दीहल.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: