pub-4188398704664586

प्रतिभा सिंह के भजन एलबम 'महिमा माई के'

by | Jun 11, 2010 | 0 comments

Pratibha Singhमशहूर भोजपुरी गायिका प्रतिभा सिंह के नयका म्यूजिक एलबम देवी गीतन पर आधारित भजन के होखी. एकरा के नाम दिहल गइल बा ‘महिमा माई के’ आ एकरा के ‘स्काई’ म्यूज़िक कंपनी तैयार करत बिया. एहमें आठ गो भजन रही जवना के सुरबद्ध कइले बाड़न सुपरिचित संगीतकार नगेन्द्र चौधरी. गीतकार हउवें तारकेश्वर मिश्र ‘राही’, उमेश छैला, ड़ॉ.अभिज्ञात, शशिधर सिंह, आ रमेश सिंह. एह गीतन के रिकार्डिंग पूरा हो चुकल बा आ स्काई प्रबंधन के दिहल जानकारी अनुसार एकर शूटिंग जल्दिये शुरू होखी.

मालूम होखे कि प्रतिभा सिंह के एक दर्ज़न से बेसी कैसेट, सीडी आ म्यूजिक एलबम बन चुकल बा जवना में चर्चित बा छैला रंगदार चाहीं, पनवा खिला के सैंया, पिया नम्बर वन, मेहरारू ना पईबऽ वगैरह. ऊ कुछ फिल्मन में पार्श्वोगायन कइले बाड़ी आ कुछ फिल्मन में अभिनयो. जइसे कि ‘भाई होखे त भरत नियन’, ‘ बहिना तोहरे खातिर’, ‘रमौलवाली’ वगैरह.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586