pub-4188398704664586

बबलू जौनपुरी के टनाटन माल बा

by | Mar 27, 2010 | 0 comments

भोजपुरी के एगो नया अलबम टनाटन माल बा दुर्गा शक्ति फिल्म्स का बैनर में दिलीप तिवारी बना रहल बाड़न जवना के वीडियो निर्देशन अनिल एस मेहता करीहन. हालही में एकर मुहुर्त कल्पना के रिकार्डिग स्टुडियो म्यूजिक बाक्स में इन्दु सोनाली का सुरीली आवाज में गाना रिकार्ड करा के कइल गइल.
एह अलबम के गीत श्याम देहाती लिखले बाड़े जवना के संगीतबद्ध कइले बाड़े राज इन्द्र राज आ कोरियोग्राफर बाड़े के आर राय राजू. अलबम में इंदू का अलावे दिवाकर द्विवेदी आ खूशबू जैन के आवाज शामिल बा. कलाकारन में बबलू जौनपुरी, कल्पना शाह आ अविनाश शाही खास बाड़े, अलबम अगिला महीना बाजार में आ जाई.
बबलू जौनपुरी एकरा पहिलहू एगो अलबम में काम कर के धूम मचा चुकल बाड़े. नया कलाकार होखला का बावजूद बबलू जौनपुरी के हौसला आसमान पर बा आ अपना सामने अपने के माने लें. कहलन कि जहाँ तक स्टार बनला के बात बा त ऊ त जनता बनावेले. बबलू के अपना मेहनत पर पूरा भरोसा बा.
स्रोत रंजन सिन्हा

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586