भरत शर्मा व्यास अब एक्टिंगो करीहें

by | Sep 5, 2010 | 2 comments

भोजपुरी गायकी के भीष्म पितामह कहाये वाला भरत शर्मा व्यास अब लोकगायकी के शिखर छु लिहला का बाद अभिनयो का दुनिया में डेग धरे जा रहल बाड़न. बिहार के बक्सर से चलि के बनारस, फेर दिल्ली, आ अब मुंबईओ में ऊ आपन बसेरा बना लिहले बाड़े, हाल ही में अखिल विश्व भोजपुरी समाज मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनाइल भरत शर्मा पिछला दिने अभिनेत्री से निर्मात्री बनल नीतू चन्द्रा के पहिलका भोजपुरी फिल्म देसवा खातिर एगो गाना रिकार्ड करवले.

बातचीत का दौरान भरत शर्मा कहले कि ऊ ३९ बरीस से लोक गायकी से जुड़ल बाड़न आ एह बीचे उनकर नाहियो त तीन सौ के करीब अलबम बाजार में आ चुकल बा. तकरीबन दू दर्जन राष्ट्रीय आ अन्तर्राष्ट्रीय पुरस्कारन से सम्मानित हो चुकल भरत शर्मा भोजपुरी के टीवी चैनलो सब पर कार्यक्रम देत रहेलन. पिछला दिने महुआ टी वी के स्वतंत्रता दिवस के खास कार्यक्रम में भरत शर्मा समाँ बान्ह दिहले रहन.

भोजपुरी के दोसर गायकन से अलगा सुभाव के भरत शर्मा सादगी पसन्द करेले. बतवले कि सिनेमाई दुनिया के चकाचौंध में अपना के डुबा दिहला का बदले भोजपुरी लोकगायकी के उचित मान दिलवावही खातिर ऊ प्रयासरत बाड़न. भरत शर्मा के एही काबिलियत के नतीजा ह कि देश विदेश में होखे वाला हर महोत्सव में लोकगायकी का कार्यक्रम में उनकर मौजुदगी जरुरी मानल जाले.

बहरहाल मुंबई में बसेरा बनवला से भोजपुरी फिल्म जगत के भरत शर्मा से जरुरे फायदा मिली.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

2 Comments

  1. ranvijay pratap singh

    I LOVE MY BHOJPURI LANGUAGE BCOZ MY NATIVE PLACE IS BALLIA (EAST U.P.). I M ALSO FAN TO HON’L BHARAT SHARMA’S NIRGUNS AND BHAJANS. ILOVE MY BHOJPURI. GAATE RAHO BHARAT JI BHOJPURIYA AAP KE SAATH HAIN. JAI BHOJPURI

  2. omprakash amritanshu

    खऊलल खून बहल नस -नस में ,देखिके गुलामी |
    जवानी पाकल मोछिया पे ,आईल कुंवर के ||
    भरत शर्मा जी के हीं गावल गीत ई समाचार पे फीट बईठता .लागत बा भोजपुरी सिनेमा के किस्मत चमके वाला बा .
    गीतकार
    ओ.पी अमृतांशु
    09013660995

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up