भारत के गरदन के हार, आपन बिहार, आपन बिहार

by | Apr 1, 2011 | 0 comments

“बढ़त बिहार चढ़त बिहार, लिखत बिहार पढ़त बिहार. भारत के गरदन के हार, आपन बिहार, आपन बिहार.”

पिछला दिने दिल्ली में आयोजित बिहार दिवस समारोह का अवसर पर आयोजित सांस्कृतिक कार्यक्रम में भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी अपना गायकी से समाँ बना दिहलन आ ओहिजा मौजूद सगरी बिहारियन के छाती अउर चौड़ा हो गइल.

दिल्ली के सिरीफोर्ट सभागार में आपन गायकी का माध्यम से मनोज तिवारी मुंबई दिल्ली जइसन शहरन में दुख अपमान झेलत बिहारियन के पीड़ा पेश करत गवलन “बांबे दिल्ली के कइलऽ गुलजार हो, बिहार आपन सुन्न भइल राजा जी” त सभकर आँख छलछला गइल. फेर गवलन “गाँव के सिवनवा के खेत खरिहनवा, नाही भुलाला घर जवार ए गोरी, गउँवा बोला लऽ हमार ऐ गोरी”.

उनुका से पहिले मालिनी अवस्थी दुनिया में प्रजातंत्र के शुरुआत करे वाला राज्य का रुप में बिहार के जिक्र कइली. कहली कि यूपी हमार माई ह आ बिहार हमार मउसी. बाकिर मउसी से जतना प्यार दुलार हमरा मिलल ऊ महतारियो ले बढ़के रहल. मालिनी के गाना “सईंयाँ मिलल लड़कईयाँ, मैं का करूँ” पर त पूरा सभागार झूमे लागल रहे.

कार्यक्रम के आयोजन बिहार सरकार के उद्योग विभाग कइले रहुवे आ एह मौका पर बिहार सरकार के सचिव सी के मिश्रा, रेजिडेंट कमिश्नर आलोक चतुर्वेदी, भारत सरकार के सचिव अनिल उपाध्याय, दिल्ली के भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दुबे, भाजपा सांसद पूनम आजाद समेत कई देशन के राजदूतो मौजूद रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up