भोजपुरी के महक यूरोप में

by | Feb 24, 2011 | 2 comments

भोजपुरी के जानल मानल लोकप्रिय गायिका सीमा तिवारी भारतीय सांस्कृतिक एवं सम्बन्ध परिषद का ओर से पिछला दिने ७ फ़रवरी से १८ फ़रवरी तक अपना पुरा ग्रुप का साथे यूरोप का दौरा पर गइल रही. एह कार्यक्रम का दौरान सीमा तिवारी भोजपुरी लोकगायकी के अलग अलग शैली, जइसे कि सोहर, झूमर, सहाना, जेवनार, कजरी, कटनी, रोपनी, विदेशिया, होली, चैती आदि में, आपन गायकी सुनवली. यूरोप में खास कर के सोहर अउर विदेसिया गीतन के बहुते सराहल गइल त जर्मनी में भगवान कृष्ण पर आधारित जेवनार गीत “कृष्ण मुरारी चलेले ससुरारी…..” पर लोग मंत्र मुग्ध भइल. ओहिजे नीदरलैंड आ पोलैंड में होली गीत “नकबेसर कागा ले भागा….” आ “नइहरे में कइल पानी पानी ए राजा जी” पर लोग जमके ठुमका लगावल आ रंग गुलाल से होली मनावल. पोलैंड में पहिला बेर भोजपुरी के कवनो कार्यक्रम देखके पोलैंड वासी भारतीय अउर भोजपुरी संस्कृति से परिचित भइले आ भारतीय वाद्य यंत्र पर खूब ताली बजवले. सीमा तिवारी के कार्यक्रम के हर जगह खूब सराहना मिलल. लोकगायिका सीमा तिवारी भोजपुरी भाषा से अश्लीलता मिटावे आ भाषा के बढ़न्ती खातिर अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर लागल बाड़ी आ अपना प्रयासन के मिल रहल सफलता देख के खुशो बाड़ी.


(स्रोत : लाल बिहारी लाल)

Loading

2 Comments

  1. Ranjeet Kant

    Raur Sohar ke video dekh ke bahut nik lagal.shubhkamana eruope jake bhojpuri ke khushbu bikherala khatir. dhanyabad.

  2. gyan bhaskar

    Bahut Sundar Bahut Sundar Rauaa mati ke chij sahej ke rakhale bani ekra khatir Dhanyabad.Aur europe yatra khatir Hardik Shubhkamana

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up