मईया जी माफ करीं मनोज तिवारी के देवी गीत

by | Sep 20, 2010 | 2 comments

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी के गावल माता के भजन बाड़ी शेर पे सवार रुपवा मनवा मोहत बा आजुवो लोकप्रियता के चार्ट वन में बा. बतौर गायक मनोज तिवारी के पूरा दुनिया में मान सम्मान बा. हर साल नवरात्रि में उनकर गावल देवी गीत के भजन लोग हाथो हाथ खरीदेला. एह साल उनकर देवी गीत के अलबम मईया जी माफ करीं बाजार में आवे वाला बा जवना के टीसीरीज जारी कर रहल बा.

मईया जी माफ करीं अलबम के शूटिंग दिल्ली का अलावा विंध्यवासिनी देवी मन्दिर, वाराणसी, पटना, शीतला माता मन्दिर, आरा वगैरह जगहन पर करावल गइल बा जहाँ के लोकल कलाकार मनोज तिवारी के टीम का साथे एह अलबम खातिर काम कइले बाड़े. गीतकार हउवें संजय सिंह पुरी, प्रमोद पांडे, आ प्रभुनाथ दाढ़ी. अलबम के संगीत धनंजय मिश्रा के बा आ निर्देशन यशवंत सिंह के. अलबम के निर्माता हउवें विकास सिंह.

एह बारे में बतियावत मनोज तिवारी कहलें कि मनोरंजन का दुनिया में उनकर पहिला पहिचान बतौर गायक एगो देवी गीते से भइल रहुवे आ गुलशन कुमार उहे सुन के उनका के “मृदुल” उपनामो दिहले. एही चलते अपना तमाम व्यस्तता का बावजूद मनोज तिवारी हर साल देवी गीत के एगो अलबम जरुर ले आवेले अपना सुननिहारन खातिर. एह साल के देवी गीत अलबम रही देवी जी माफ करीं आ एकरा सफलता खातिर ऊ बहुते आशान्वित बाड़न.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

2 Comments

  1. Rudra pratap mishra

    Kashi k kundan hauwa,
    tu bhabhua ke laal!
    lalit putra tu laali purab ke,
    purab putra mahaan!!

    sara bhojpurian ke aguaa,
    apna mati k dularua babuaa!
    bhojpuri sangeet ke lahardaar fagua,
    dhanya bate tohke janmawe wali “bhabhua”!!

    sheetla ghat pe kashi me,
    vaani dihli sharda maiya!
    hoke sher par sawaar tohke
    mridul banawli vindhyachali maiya!!

    Bhaiya ab tohar mehnat dekhata,
    jab sabka asaliyat bujhata!
    jane kavan hawa tu bahawla,
    eit pattar bhi hawa me udiyata!!

    “vinamrata” manoj raur punji,
    ehi se kirti keenail!
    na ta ke puchhit raua ke bhaiya
    sab samarth log aham me lapetail!!

    tohre karni ke na ba kauno daam,
    ketna kahi kahat na ba,
    swikaar kar la he rudra ke pranaam!

  2. omprakash amritanshu

    झरऽ-झरऽ झरे इमरितवा,“मृदुल” के सुरवा से ,
    इमरितवा झरे ना!
    झूमेला भोजपुरिया लोगवा हो ,
    इमरितवा झरे ना!!

    {1}
    झूमे बिहार उपी ऽ ,मगन सारा देशवा
    मिलल बा इनका देवी ,माई के आशिशवा
    खिल -खिल खिलाइल फूलवा ,“मृदुल” के होठवा से
    इमरितवा झरे ना!
    झूमेला भोजपुरिया लोगवा हो ,
    इमरितवा झरे ना!!

    गीतकार :- ओ.पी .अमृतांशु
    09013660995

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up