महुआ टीवी पर देखावल जा रहल भोजपुरी गायकी के रियलिटी शो “सुर संग्राम-२” के फाइनल मुकाबिला राँची के ममता राउत आ बनारस के रघुवीर शरण श्रीवास्तव का बीचे होखे जा रहल बा. एह लोग के फाइनल मुकाबिला के जीवन्त प्रसारण पटना का गाँधी मैदान से १९ दिसम्बर के कइल जाई. ममता राउत बिहार के प्रतिनिधित्व करीहें आ रघुवीर शरण श्रीवास्तव यूपी के.
अपना गायन शैली से ई दुनु प्रतिभागी जज लोग के दिल जीतत एहिजा ले चहुँपल बा. बाकिर आखिरी फैसला जज लोग का हाथ में ना हो के रउरा सभ का हाथ में बा. पहिला बेर कवनो लड़की एह मुकाबिला के आखिरी दौर में चहुँपल बिया त एगो नेत्रहीनो गायक फाइनल में आ गइल बा. अब ई रउरा सभे पर बा कि केकरा के सुरसंग्राम के ताज पहिरावत बानी आ केकरा के दुसरा जगहा पर राखत बानी. जहाँ तक संकेत मिल रहल बा अबकी पिछला मुकाबिला के हाल नइखे दोहरावल जाये वाला जब आखिरी मुकाबिला में दुनु प्रतिभागियन के पहिलका इनाम दे दिहल गइल रहे आ केहू के विजेता होखे के आनन्द ना मिल पावल रहे. अबकी रउरा सभे अपना पसन्दीदा गायक भा गायिका खातिर आपन राय जरुर दीं. अगर रघुबीर के जितावे के बा त अपना मोबाइल पर UP लिख के 54242 पर भेज दीं. अगर ममता के जितावल चाहत बानी त अपना मोबाइल पर BIHAR लिख के 54242 पर भेज दीं.
वोटिंग लाइन १९ दिसम्बर के साँझ ५ बजे ले खुलल रही. जेकरा सबले बेसी वोट मिली ओकरा के दिहल जाई २५ लाख रुपिया आ एगो बजाज डिस्कवर मोटरसाइकिल. उपविजेता के ११ लाख से संतोष करे के पड़ी. अब ई रउरा उपर बा कि कवना आधार पर वोट देत बानी बाकिर बढ़िया रही कि जेकर गायकी रउरा निमन लागल ओकरे के वोट दीं.
स्रोत प्रशान्त निशान्त
nishantji
namskar
takkar na ta bihar se ba na up se ba.
takkar sahi mayane me jharkhand se ba auri madhya pradesh se ba.
bihar aa up ke mansik bha aarthik shoshank mat kari.
rahal baat bhojpuri ke, u shan se apna disha aa dasha tay kar rahal biya.
bazar ke drama se bhojpuri ke jod ke bhojpuri ke mahima mandan kare ke abhiyan band hokhe ke chahi.
santosh patel
editor: bhojpuri zindgi.
बिहार जीतो चाहे उत्तर प्रदेश . जीत त आहिर भोजपुरी के हिं होई .वैसे हम आपन वोट दे चुकल बानी .
धन्यवाद
ओ.पी .अमृतांशु