मालिनी के साथे झूमल भागलपुर

by | Mar 18, 2010 | 0 comments

Malini Awasthi

दू लाख क भीड़. ओहमें हजारन क तादाद में महिला आ उनका बीचे बइठल सोहर गावत मशहूर लोकगायिका मालिनी अवस्थी. अद्भुत दृश्य रहे जवन मालिनी का गीतन का साथे थिरकत, झूमत भीड़ का चलते जीवन्त हो उठल रहे. मौका रहुवे बिहार के मशहूर विक्रमशिला महोत्सव के, जवना में आयोजक लोग मालिनी अवस्थी के अंगवस्त्र, यक्षिणि के मूर्ति अउर सम्मान पत्र देके सम्मानितो कइल.

नवरात्र का पावन अवसर पर आयोजित एह साँझ के आरम्भ मालिनी ‘सर्व मंगल मांगल्ये’ से कइली. भीड़ अतना उत्साहित रहे कि उनका आवते अपना-अपना पसंदीदा गीतन के फरमाइश शुरू कर दिहल. मालिनीओ केहू के निराश ना कइली. ऊ तान छेड़ली, ‘निमिया के डारि मईया, सुनि ल अरजिया हमार देवी मईया’ त विशाल पंडाल करतलध्वनि से गूंज उठल. गीत का बीचे बीच मालिनी ओकर व्याख्यो जवना तरह करत रहली ओकरे के ओहिजा खूबे सराहल गइल.

मालिनी कहली कि, लोकगीत स्त्री कंठ के धरोहर हऽ आ समूह में गाये जाये वाला गीतने का चलते आजु ले जिन्दा बा, आ रही. मालिनी ने एक के बाद एक गीतन के झड़ी लगा दिहली. सोहर तो खूब पसंद भइबे कइल, झूमर, बन्नी अउर चौमासो के श्रोता ओहि तरह प्रशंसा कइलें.

सम्मान ग्रहण कइला क बाद मालिनी कहली कि ई भोजपुरियन के प्यारे हऽ जे उनका के एहिजा जल्दी जल्दी तीन बेर बोला लिहलसि. ओकरा बाद भीड़ जब एक आवाज में उनका के फेर अगिला सावन में बाबा धाम के कांवर यात्रा करे के नेवता दिहलसि त कृतज्ञ आ भावुक ओकरा के सकार लिहली.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up