सुरसंग्राम के लड़ाई अब आखिरी दौर में

by | Nov 26, 2010 | 0 comments

महुआ टीवी के लोकप्रिय संगीत रियलिटी शो “सुरसंग्राम सीजन २” अब अपना आखिरी दौर में बा. यूपी आ बिहार से दू दू गो प्रतिभागी रह गइल बाड़न आ अब ओहि में से एक एक प्रतिभागी आखिरी दौर में चहुँपिहें. यूपी से मनोहर आ रघुबीर का बीच लड़ाई बा त बिहार से जाहिद अनवर आ ममता राउत का बीच. एह लोग के पाँच गो चक्रव्यूह के सामना करे के बा.

आजु शनिचर का रात प्रसारित कार्यक्रम में चारो के भिखारी ठाकुर के एतिहासिक लोकगीतन के चक्रव्यूह से गुजरे के पड़ी. एह एपिसोड के शुरुआत कल्पना भिखारी ठाकुर के गीत “अइसन लिखलन करम में विधाता” से करीहें. जे लोग आजु के कार्यक्रम ना देख सकी से अगिला शुक का दिने एगारह बजे से एह एपिसोड के देख सकेला. शनिचरे का दिने दोसरको चक्रव्यूह से गुजरे के बा सबका. ओह एपिसोड में बालीवुड के भोजपुरी फ्लेवर वाला गीतन के दौर चली.

शनिचर के देखावल जाये वाला एपिसोड में उदित नारायण झा मेहमान जज बन के रहीहें. एही एपिसोड में बिहार आ यूपी के दावेदारन खातिर तइयार सिंहासन देखावल जाई आ ट्राफी के अनावरण कइल जाई. गायक उदित नारायण अपना गीत ” कितना चिट्ठी कितना मैसेज” गावत एन्ट्री मरीहें जवना पर रविकिशन आ मनोज तिवारी उदित नारायण का साथे ठुमका लगइहें.

शो के समय हमेशा का तरह शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से रही. पुनर्प्रसारण शनिचर के एपिसोड अगिला शुक का दिने दिन में एगारह बजे से देखावल जाई आ शुक के प्रोग्राम अगिला दिने शनिचर के दुपहर में ११ बजे से फेर से देखावल जाला. संग्राम अब अपना आखिरी दौर में बा एहसे कवनो एपिसोड छोड़ल ठीक ना लागी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up