भोजपुरी चैनल अंजन टीवी अपना दर्शकन खातिर एगो नया क्राइम शो ले के आइल बा जवना के नाम ह – ‘गुनहगार’. ई शो उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखण्ड में होखे वाला अपराध पर टिकल बा.
अंजन टीवी के शो का बारे में कहना बा कि एह शो के देखावे के मकसद बा अपराधियन में डर पैदा कइल आ दर्शकन के जागरूक बनावल. ‘गुनहगार’ के प्रोड्यूसर हउवें अमित श्रीवास्तव अउर अमान मिर्ज़ा, निर्देशक मनीष खन्ना आ लेखक मनोज भावुक. आ एह शो के परिकल्पना आ मार्गदर्शन देत बाड़ें अंजन टीवी के चैनल हेड अंशुमान त्रिपाठी.
‘गुनहगार’ के प्रसारण 1 सितम्बर से सोमार से बियफे ले रात दस बजे से होखल करी.
(अंजन टीवी विज्ञप्ति)