महुआ टी. वी. पर प्रसारित हो रहल भारतीय टेलीवीजन इतिहास के सबले बड़ शो ‘‘कौन बनेगा करोड़पति’’ के भोजपुरिया वर्जन ‘‘के बनी करोड़पति’’ के शुक २९ जुलाई वाला एपिसोड मे बतौर सेलिब्रिटी गेस्ट बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा के सामने वाली हॉट सीट पर बीतल जमाना के मशहुर अभिनेत्री आ शोले के बसंती हेमा मालिनी बइठल नजर अइहे.
एपिसोड के शुरूआत शत्रुघ्न सिन्हा हेमा मालिनी के स्वागत करत करीहे. हेमा जी महुआ चैनल के धन्यवाद दीहें कि ऊ के बनी करोड़पति जइसन लोकप्रिय शो भोजपुरिया दर्शकन खातिर ले के आइल बा. फेर हेमा जी बतइहे कि ऊ आ शत्रु जी फ्रेन्डस फॉर एवर हवे लोग आ ओहू ले बढ़के पारिवारिक मित्र. हेमा मालिनी एह एपिसोड के “प्रयास” नाम के संस्था खातिर खेलीहें. प्रयास गरीब बच्चन खातिर काम करेले.

शत्रुघ्न सिन्हा हेमा मालिनी के उनुके एगो मूवी के डायलॉग सुनइहे जवना का बाद हेमा मालिनी आपन निर्देशित फिल्म ‘‘टेल मी ओ खुदा’’ का बारे मे बतियइहे. अपना फिटनेस का बारे में बतइहे कि डांसे का चलते ऊ आजुओ चुस्त दुरुस्त बाड़ी. आ हर औरत के सलाह दीहे कि सबसे पहले खूबसूरत बने लोग.

अपना बारे में बतियावत हेमा जी कहीहे कि ऊ अभिनेत्री हई, राजनीति में बाड़ी, डांसरो हई, महतारियो हई, आ मेरी सहेली नाम के पत्रिका के संपादको. एहसे सभ काम खातिर समय निकाले के पड़ेला. शत्रुघ्न सिन्हा के कहला पर हेमा मालिनी शोले के संवाद सुनइहे, ‘‘चल धन्नो तेरी बसंती की इज्जत का सवाल है’’. हेमा बतइहे कि कइसे स्कूल के पढ़ाई करत से सीधे सिनेमा में आ गईली आ सपनों के सौदागर मे पहिला ब्रेक मिलल. उनुका आजुओ ऊ दिन याद बा जब एगो निर्माता उनुका के राजकपुर से भेंट करवावे ले गइल त ओह दिन पहिला बेर हवाई जहाज मे बइठल रहली. फेर बतइहे कि अनंत स्वामी उनुका के ड्रीम गर्ल के नाम दिहले. अबही के स्टार एक्ट्रेस सोनाक्षी का बारे मे हेमा बतइहे कि आईफा अवार्ड में अपने हाथ से सोनाक्षी के बेस्ट न्यु कमर अभिनेत्री का अवार्ड देत बहुते नीक लागल. फेर “क्रांति” के गाना चना जोर गरम….. का साथे शो समाप्त होई.

हमेशा का तरह के बनी करोड़पति के एह खास एपिसोड के प्रसारण शुक रात नौ बजे से महुआ टीवी पर होई.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

Loading

One thought on “अबकी हफ्ता के बनी करोड़पति का हॉट सीट पर बईठे अइली हेमा मालिनी”

Comments are closed.

%d bloggers like this: