भोजपुरी चैनल महुआ टीवी पर प्रसारित हो रहल गेम शो के बनी करोड़पति के आखिरी एपिसोड आजु रात नौ बजे से प्रसारित कइल जाई. पचास शो के आपन निर्धारित सफर के पूरा होखते के बनी करोड़पति भोजपुरी संस्करण के पहिला सत्र के समापन हो जाई.

बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा एह शो के सफल संचालन कइले आ एह शो से महुआ चैनल के गजब के टीआरपी मिलल बा. एह शो के माध्यम से दूर-दराज गाँवो के रहे वाला लोगो के एह शो में के बनी करोड़पति खेले के मौका मिलल. शत्रुघ्न सिन्हा एह शो से दर्शक का दिल पर आपन रग जमा दिहले.

के बनी करोड़पति के आउ हफ्ता के एह सफर में हॉट सीट पर बइठे वाला मशहूर अतिथियन में मालिनी अवस्थी, गिरिजा देवी, रवि किशन, दिनेश लाल यादव आ पाखी हेगड़े जइसन भोजपुरी सेलिब्रिटी अइले त सोनाक्षी सिन्हा, गोविंदा, धमेन्द्र, हेमा मालिनी जइसन बालीवुड सितारो अइले. अउर त अउर भारत के वित्त मंत्री रहल यशवंतो सिन्हा एह शो में शामिल भइले.

भोजपुरी के बनी करोड़पति में एक करोड़ के ईनाम जीते वाला अकेला प्रतिभागी रहलन यूपी के कुशीनगर के राजेश सिंह.

त ‘‘के बनी करोड़पति’’ के आखिरी एपिसोड के देखल मत भुलायब. एकर प्रसारण आजु शुक 12 अगस्त रात नौ बजे से महुआ टीवी पर होई.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

Loading

One thought on “के बनी करोड़पति के आखिरी एपिसोड”
  1. thanks mahuaa and shatrudhan sinha to present this programme.
    Bahut nik lagal.

    Mahuaa se hamar ek sawal ba ki ”sur sangram -2” ke final ke ka bhail humke pate na chalal. Ka final phir se hokhi. Aur hokhi ta kab hokhi.

Comments are closed.

%d bloggers like this: