भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन चैनल महुआ टीवी पर देखावल जा रहल धारावाहिक रियलिटी शो डांस संग्राम अब अपना परिणति का तरफ बढ़ रहल बा. पिछला शनिचर का रात देखावल एपिसोड का बाद अब पाँच गो प्रतिभागी बचल बाड़े जिनका में अन्तिम दू में चुनावे के जंग अब शुरु हो गइल बा.

अबकी शो के शुरुआत करीहें पटना के आनन्द इशान, गोरखपुर के अविनाश दूबे, कलकत्ता के गौरी क्षेत्री, दिल्ली के आतमजीत सिंह, आ राँची के दीपू सिंह धमाकेदार एंट्री का साथ. एह पर गाना रही बार बार हाँ, बोले यार हाँ, अपनी जीत हो, उसकी हार हो. सब जाने एह गाना पर आपन दमखम देखइहें आ ओकरा बाद दुनु मेंटर, श्वेता तिवारी आ संभावना सेठ, तब एह लोग के चेतइहें कि अब जोश का साथ होशो बनवले रखला के समय आ गइल बा. काहे कि सबका खातिर चक्रव्यूह इन्तजार करत बा.

पहिला च्रकव्यूह होखी भोजपुरी गाना पर आपन प्रस्तुति देबे के. एहमें आतमजीत सिंह देखीं जे सपनवा ए गोरी पर रिवाइंड डांस करीहें, आनन्द इशान पुरुष आ महिला गेटअप में टू इन वन डांस देखइहें, अविनाश फैशन सजा के भौजी आ गौरी कठपुतली डांस पेश करीहें. एह राउण्ड का बाद निरहुआ आपन शानदार प्रस्तुति दीहें आ संभावना से कहीहन कि आपकी वजह से मेरे घर में मेरी पत्नी मेरी माँ से शिकायत करती है. श्वेता सलाह दीहें कि कबो संभावना के घरे मत ले जइह त संभावना बीचे में टपकत कहीहें कि हम त चाहब कि तोहात तलाक हो जाय आ हम तोहार दोसरकी बीबी बन जाईं!

दुसरका चक्रव्यूह में आमने सामने के दौर चली. आनन्द इशान आ आतमजीत इब्नेबतूता पर नचीहें त दीपू आ अविनाश मैं खिलाड़ी तू अनाड़ी पर नचीहें. आखिर में गौरी क्षेत्री आ आनन्द इशान के एगो मोहक प्रस्तुति होखी जवना के सरोज खान बहुते सरहीहें.

त देखल मन भुलायब. अब तीने हफ्ता रह गइल बा डांस संग्राम का फाइनल में जवना का बाद पहिलका डांसिंग स्टार के चयन होखी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

 328 total views,  2 views today

%d bloggers like this: