भोजपुरी चैनल महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो “नहले पे दहला” में अबकी बेर रोमांस के थीम राखल गइल बा आ सगरी प्रतिभागियन के रोमांटिके गीत गावे के बा. शो के एकंर मनोज तिवारी मृदुल एकर शुरुआत “ऐ चम्पा चमेली कली अलबेली” गा के करीहें. आजु शनिचर के एपिसोड के खास मेहमान रहीहें मशहूर पार्श्व गायक विनोद राठौड़ जे “मुन्ना भाई एम बी बी एस” गावत इंट्री मरीहें. सगरी प्रतिभागी स्टेज पर बनल दिल के आकृति का पाछा लुकाइल रहीहें जहवाँ से मनोज तिवारी ओह लोग के निकाल ले अइहें.

फेर शुरु होखी प्रतियोगिता के दौर आर्यनंदिनी के गावल “दिल में तुझे बिठाके कर लूंगी मैं बंद आँखें” से. विनोद राठौड़ एह गाना के प्रशंसा करीहें. गोलू के गाना “तू हमार जान हऊ” के बाद पवन सिंह ओकर डाँड़ हिलावे के नकल करीहें. प्रियांशी के गाना रही “परदा परदा” जवना के अंत विनोद राठौड़ कुछ लाइन गा के करीहें. विकास के गाना “हलफा मचा के गइल” पर पवन सिंह “फाटल करेजा सियल कइसे जाई” गइहें. लाडो कृतिका के गाना “परदेसी परदेसी दिल तोड़ गया” से खुश मनोज तिवारी लाडो के मम्मी पापा के गोड़ छू लीहें. लाडो के गाना से खुश कल्पना कहीहें कि अगर लाडो ई शो नइखी जीतत त ई संगीत के तौहीन होखी. शो के समापन आकाश के गाना “जहिया से देखनी दिलवा” से होखी जब पवन सिंह आ सगरी जज लोग स्टेज पर आ जाई.
एह एपिसोड के प्रसारण हमेशा का तरह शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से होखी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

One thought on “नहले पे दहला में रोमांस”

Comments are closed.

%d bloggers like this: