१६ अप्रेल से महुआ टीवी पर रोज रात नौ बजे एगो सवाल पूछल जाई. पाँच दिन में पाँच गो सवाल. जे लोग भोजपुरी के “के बनी करोड़पति” कार्यक्रम में शामिल होखल चाहत बा ओकरा एह पाँचो सवालन के सही जबाब देबे के पड़ी. जवना लोग के पाँचो जबाब सही होखी ओहि में से सफल प्रतिभागी चुनल जइहें जे एह गेम शो के हॉट सीट पर बइठे के सौभाग्य पइहें आ शत्रुघ्न सिन्हा का साथे “के बनी करोड़पति” खेलीहें. केबीसी के एह भोजपुरियो संस्करण के निर्माता सिद्धार्थे बसु हउवन जे मूल शो के निर्माण कइले रहलें.
देखीं मौका हाथ से छिहिल मत जाव. रोज रात महुआ टीवी पर आवे वाला सवालन के जबाब दे के गेम शो में शामिल होखे के मौका जीतीं.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

One thought on “पाँच दिन में पाँच सवाल आ एक करोड़ दाँव पर”

Comments are closed.

%d bloggers like this: