हालीवुड तारिका पामेला एंडरसन के “बिग बॉस” का घर में हिंदी सिखावे के जिम्मेदारी मनोज तिवारी के सँउपल गइल त सगरी सदस्यन सहित पामेलो खुश हो गइली. मनोज तिवारी अतना बढ़िया से सिखवले कि पामेला एंडरसन मन लगा के हिन्दी सीखत बाड़ी आ हिन्दी बोलतो बाड़ी.

सलमानो खान पामेला के हिन्दी सुन के अचरज जतवलें आ पामेला के हिंदी सिखावे खातिर मनोज के धन्यवाद दिहलें. मनोज तिवारी अब एह फेर में लागल बाड़े कि पामेला के भोजपुरियो सिखा देस जेहसे कि भोजपुरी बेसी से बेसी प्रचार प्रसार हो सके. मनोज के कहना बा कि ऊ पामेला से भोजपुरी बोलवाइये के रहीहें.

मनोज तिवारी महाबली खली के हारमोनियम, ढोलक, आ बाँसुरी बजावलो सिखा रहल बाड़े. खली के कहना बा कि मनोज तिवारी उनकर जिगरी दोस्त बन गइल बाड़न आ अइसनका दोस्त पर उनका नाज बा. अब “बिगबॉस” के घर से बाहर निकलला का बाद पामेला भोजपुरी बोलत बतियावत आ खली हारमोनियम आ बाँसुरी बजावत लउकस त अचरज के बाति ना होखी.

वइसे मनोज तिवारी के मृदुलता का बारे में कहल जाले कि भोजपुरी के एह मेगा स्टार के खासियत हऽ कि ऊ केहू के आपन बना लेलें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

 296 total views,  2 views today

%d bloggers like this: