महुआ टीवी पर देखावल जा रहल धारावाहिक शो “अँखियो के झरोखे से” का बारे में बतावल जात बा कि एकरा के दर्शक बहुते पसन्द कर रहल बाड़े आ एकर टीआरपी बढ़िया जा रहल बा. एकर संगीतो के लोग पसन्द कर रहल बा आ एकर गाना “मैं तो हो गई रे तेरी बावरी” बहुते लोकप्रिय हो गइल बा. एह शो में नायिका के किरदार निभावत छवि पाण्डेय के काम के सभे तारीफ कर रहल बा. एह धारावाहिक में उनुका साथे हेमन्त पाण्डेय, उपासना सिंह, उषा बच्छानी, आ नया चेहरा पुनीत के खास भूमिका बा. एह धारावाहिक के निर्माण आ निर्देशन महुआ मीडिया खातिर रंजन सिंह कर रहल बाड़े. धारावाहिक के क्रिएटिव हेड विनीता उपाध्याय के कहना बा कि महुआ टीवी हमेशा से एह कोशिश में रहेले कि दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइल जाव. एह धारावाहिको से हमनी के इहे कोशिश रहे आ खुशी के बाति बा कि दर्शक लोग के ई धारावाहिक नीक लागत बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: