भोजपुरी के मनोरंजक चैनल महुआ टीवी पर एगो अनोखा डांस रियलिटी शो “नाच नचईया धूम मचईया” के प्रसारण 27 अगस्त से हर शनिचर-अतवार का रात 8 बजे से शुरू हो गइल बा. एह डांस शो में भोजपुरी इंडस्ट्री के दस गो टॉप अदाकारा ऑडिशन से चुनल अपना डांस पार्टनर्स का साथे जोड़ी बनाके शामिल होइहें. ई अदाकारा हवे लोग रिंकू घोष, आईटम क्वीन सीमा सिंह, गुंजन पंत, अक्षरा सिंह, स्मृति सिन्हा, मिस जम्मू अनारा गुप्ता, क्रिशा खण्डेलवाल, उर्वर्शी चौधरी, लवी रोहतगी आ संगीता तिवारी. महुआ टीवी एह शो का जरिये आम आदमी के आपन नृत्य कौशल देखावे के एगो बड़हन मंच दे रहल बा. एह शो में सर्वश्रेष्ठ नृत्य, प्रतियोगिता, ड्रामा, इमोशन आ मनोरंजन के खजाना भरल बा.
32 एपिसोड के एह डांस शो के एंकर बाड़े भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन. एह अभिनेत्रियन के नृत्य कौशल परखे वाला जज लोग में बॉलिवुड आ भोजपुरी सिनेमा के तीन गो दिग्गज नृत्य निर्देशक गणेश आचार्य, कानू मुखर्जी आ नृत्यांगना सुधा चंद्रन शामिल बाड़ी. ई पहिला मौका होई जब बॉलीवुड के मशहूर डांस मास्टर गणेश आचार्या कवनो रियलिटी शो में जज बनल बाड़े.
शो के निर्माता हवे गजेन्द्र सिंह के कंपनी “साईबाबा टेलीफिल्मस्”.
(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)
484 total views, 2 views today