भोजपुरी के टीवी चैनल “हमार टीवी” पर आजु १५ अगस्त से एगो साप्ताहिक साहित्यिक धारावाहिक कवि सम्मेलन वाह जी वाह प्रसारित होखे जा रहल बा. प्रसारण समय रही दुपहरिया १२ बजे से आ रात में दस बजे से. एह कवि सम्मेलन के एंकरिंग भोजपुरी शायर मनोज भावुक जी करीहें आ आजु प्रसारित होखे वाला एपिसोड में देश भक्ति के रस बरियार रही. आजु के कवियन में डा. रमाशंकर श्रीवास्तव उर्फ परिचय दास, महेन्द्र प्रसाद सिंह, आ अलका सिन्हा खास रहीहे.


हमार के चैनल हैड उदय चन्द्र सिंह बतवले कि एह कार्यक्रम के प्रोड्यूसर मनोज भावुक आ पैनल प्रोड्यूसर दिलीप सिंह हउवें. एह में भोजपुरी आ मैथिली के कवि शामिल होखल करीहें. जमल जमावल कवियन का अलावे नवहियनो के मौका मिले के बात कहले.

चूंकि ई चैनल हर जगहा उपल्बध नइखे से एकरा के सजीव प्रसारण का तौर पर इन्टरनेट पर देखल जा सकेला.


( स्रोत: आशुतोष सिंह )

Loading

2 thoughts on “हमार टीवी पर कवि सम्मेलन “वाह जी वाह””
  1. लाऽगी मजमा “हमार टीवी” पे ,’भावुक’ के अगुआई में |
    “वाह जी वाह” के फहरी झंडा ,भोजपुरी कविताई में ||
    उदय चन्द्र सिंह आवरू मनोज भावुक जी के बहुत -बहुत धन्यबाद बा .आशा बा नया -नया लिखेवाला के भी मौका मिली .
    गीतकार :-
    ओ.पी. अमृतांशु

  2. alka sinha bhojpuri ke kavi hai ka….?????
    chunauti de bani sab ke koi sabit kar ke dheka de…..?

    adarniya ramashankar srivastva ji bhi bhojopuri ke mahan gaddhakar bani…. bhojpuri me upansyas, kahani, samalochana adi ke sashakt, lekin kavi uho manch ke na bhaiya bhaiya na. uhan se sanchalan kara saki la ago jabardast hastakshar….
    rah gail ba, mahendra singh ji ke taa natak kara li, kabo kabo kavita pad leni…..
    last, but not least, Mr.Know-all, sri parichay Das ke —- uhan ke duniya ke sab sashtra jane ni.
    pata na u kavi sammalen me maithali ke kavi rahe?
    phir bhi ee pahal la badhai.
    santosh patel.

Comments are closed.

%d bloggers like this: