गोतनी बनल बहिनन में टकराव

महुआ टीवी पर प्रसारित हो रहल धारावाहिक बड़की मलकाईन का कहानी में नया पेंच आ गइल बा, बहिन से गोतनी बनला का बाद पुरनका प्यार खतम हो गइल बा आ अब टकराब शुरु हो गइल बा. अब बड़की मलकाईन के छोट बहिन सरला आये दिन उनका से लड़ल शुरु कर दिहले बिया. बड़की मलकाईन के चाचियो उनका से नाराज बाड़ी आ गाहे बेगाहे जबे मौका मिलेला सरला के भड़कावत रहेली बड़की मलकाईन का खिलाफ.

TV serial Badki Malikain on Mahuaa TV

बड़की मलकाईन का परिवार में पसरत द्वेष आ टूट से बुझात त इहे बा कि ओहमें बँटवारा जल्दिये होखे जा रहल बा. वइसे बड़की मलकाईन अपना छोटकी बहिन के खराब बरताव का बावजूद ओकरा से प्यार करत बाड़ी आ पूरा कोशिश में लागल बाड़ी कि परिवार बिखरे मत. खैर अब आगे का होखे जा रहल बा ई त ओह परिवार के भगवाने जानत होखीहें.

एह धारावाहिक के प्रसारण महुआ पर सोमार से बियफे ले रोज रात साढ़े नौ बजे से देखावल जाला.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up