डाँस संग्राम के ग्राण्ड फिनाले राँची में

by | May 18, 2010 | 0 comments

बालीवुड आ भोजपुरी सिनेमा के कलाकारन के जमावड़ा २१ मई का दिने मोरादाबादी मैदान में होखी जहवाँ से कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई.


महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो डाँस संग्राम के आखिरी मुकाबिला भव्य रुप से राँची में २१ मई के होखे वाला बा. राँची के मोरादाबादी ग्राउण्ड से एह कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई आ ओहिजे तय होखी कि भोजपुरी के पहिलका डांसिंग स्टार के होखी? पटना के आनन्द इशान आ कि गोरखपुर के अविनाश दूबे? के पहिरी सफलता के ताज? आ एकर जवाब मिले बाला बा मोरादाबादी मैदान में.

भोजपुरिया दर्शकन का बीच बहुते पापुलर रहल एह शो के फाइनल में बालीवुड के कई गो मशहूर नाम आ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर कलाकार शामिल होखीहें आ एह साँझ के हमेशा खातिर यादगार बना दीहें. झारखण्डवासियन खातिर ई पहिलका मौका होखी जब कवनो रियलिटी शो के फाइनल ओहिजा करावल जाई. एह शो खातिर मोरादाबादी मैदान में एगो विशाल आ भव्य मंच के निर्माण बालीवुड के मशहूर सेट डिजायनर कर रहल बाड़े आ मंच अति आधुनिक लाइटिंग से सजावल जाई. मैदान में करीब पचास हजार दर्शकन के बइठे के व्यवस्था करावल जाई जेकरा खातिर पास महुआ टीवी का तरफ से बाँटल जाई. ओह पास का बिना केहू के घुसे ना दिहल जाई.

फाइनल कार्यक्रम में मशहूर अदाकारा श्वेता तिवारी, आयटम गर्ल संभावना सेठ, भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन, मेगा स्टार मनोज तिवारी, अदाकारा पाखी हेगडे, गायक अभिनेता पवन सिंह, गायिका मालिनी अवस्थी, गायिका कल्पना त आपन प्रस्तुति देबे करी लोग, शो में प्रतिभागी रहल गौरी क्षे्त्री, अभिषेक, आतमजीत सिंह, चाँदनी, अमित कुमार, पिन्टू, प्रेरणा, अंजलि मिश्रा, प्रदीप मिश्रा के प्रस्तुतिओ पेश कइल जाई. राँची के दीपू सिहं, आकाश मुखर्जी, आ कोमलो सिंह के लाइव प्रस्तुति होखी. आ सबले खास रही नृत्य निर्देशिका कोरियोग्राफर सरोज खान के डाँस. कार्यक्रम के एंकरिंग दिनेश लाल यादव निरहुआ करीहें.

शो में कार्यक्रम के जनक गजेन्द्र सिंह मौजूद रहीहें आ महूआ टीवी के मालिक पीके तिवारी बतौर मुख्य अतिथि मौजूद रहीहें. कार्यक्रम खातिर तइयारी शुरु हो चुकल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up