महुआ टीवी पर अइले बड़का साहब

by | Jun 24, 2010 | 1 comment

महुआ टीवी अपना दर्शकन खातिर ले आइल बा एगो रोमांचकारी शो जवन मनोरंजन के हर तरह के मसाला से सजावल बा. एकर सबसे बड़ खासियत एकर सामग्री बा जवना का चलते पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के कई गो अभिनेता अभिनेत्री एहमें शामिल बाड़े.

२५ जून से हर शुक आ शनिचर के साँझ साढ़े सात बजे से साढ़े आठ बजे ले बड़का साहब महुआ टीवी पर हाजिर रहीहन. ई ना त कपोल कल्पना हऽ ना कवनो रियलिटी शो. एकरा के नामे देबे के होखे त भोजपुरी के पैरोडी शो कहल जा सकेला जवना में बहुते तरह के फंडा देखे के मिलल करी. भोजपुरी सिनेमा के नामचीन निर्माता अभय सिन्हा आ अझय सिन्हा के बनावल ई शो एगो अइसन घर होखी जवना का हर कोना पर कैमरा के नजर रही. एगो कन्फेशनो रुम होखी. बारह गो प्रतिभागियन पर बड़का साहब के हुकुमत चली, उनकर उलटा सुलटा नियम कानून का साथ जवना के मानल पहाड़ तूड़ला जइसन मुश्किल काम होखी. जे नियम के पालन कर पाई ओकरा के त छुट्टी दे दिहल जाई बाकिर जे नियम कायदा तूड़ दी ओकरा के अंत तक ले रहे के पड़ी. बड़का साहब के एगो अउरी खासियत होखी कि जवन घटना घटी ऊ एगो स्क्रिप्ट का आधार पर घटी.

बड़का साहब के कहानी डूमरी गाँव के दबंग रईस ठाकुर के हऽ जवन अकल के कमी अपना खीस से पूरा करेला. ओकर बेटी अमेरिका से मीडिया कोर्स कर के गाँवे आवत बिया आ पापा से मुंबई चल के एगो रियलिटी शो बनावे के बात कहत बिया. अकल से कम बड़का साहब गाँवे में अइसनका शो बनावे के बात करत बाड़े आ अपना खेत में एगो सेट बनवावत बाड़न जवना में हर तरह के आधुनिक सुख सुविधा मौजूद बा. शो के नाम बड़का साहब राखल जात बा आ बेटी रिंकी ओकर मानिटरिंग करत बाड़ी.

शो में झगड़ो होत बा, शिकायतो होत बा, आ रोमांसो होत बा. सबका के मोबाइल दिहल बा जवना पर सिर्फ इनकमिंग कॉल के सुविधा बा. शो के निर्देशन अरशद खान करत बाड़े, आ कहानी के॰ मनोज सिंह के ह. शो के मुख्य पात्रन में सिकन्दर खरबन्दा, मोनिका बत्रा, उर्वशी चौधरी, श्यामली श्रीवास्तव, डॉलफिन, रानी चतुर्वेदी, रिया वालिया, दीपक सिन्हा, आनन्द मोहन, सी॰पी॰भट्ट, संतोष श्रीवास्तव, सुर्या द्विवेदी, आ टाईटल भूमिका बड़का साहब का रुप में गजेन्द्र चौहान बाड़े. अलगा अलगा एपिसोड में भोजपुरी सिनेमा के मशहूर चेहरो नजर आई लोग.

एह मंगल के एह शो के मुंबई में एगो भव्य समारोह में लाँच कइल गइल जहवाँ बिग बॉस से चरचा में आइल भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन, भोजपुरी के हेलेन सभावना सेठ, भोजपुरी लोकगायक आ मेगास्टार मनोज तिवारी, अभिनेता सिकन्दर खरबन्दा, प्रवेशलाल यादव, अभिनेत्री उर्वशी चौधरी, निर्माता के सी बोकाडिया, सुनिल दर्शन, टीपी अग्रवाल, मशहूर वितरक डा॰ सुनील, निर्माता अशोक गुप्ता, असलम शेख, अनंजय रघुराज, महुआ टीवी के उर्मिका राय, विनीता, इ शंकर समेत अनेके जानल मानल लोग मौजूद रहुवे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    चँलि बड़का साहब से हमसुँ कोसिस करबि की मिली।

    संपादकजी,
    एगो निहोरा बा, इ निहोरा त वइसे महुआ चैनल की प्रचार, प्रसार से जुड़ल लोगन से बा पर हम आपन इ निहोरा रउरी माध्यम से ओ लोगन तक पहुँचावल चाहतानी।

    आज भी बहुत सहरन में केबल पर महुआ चैनल नइके आवत। एकरा खातिर महुआ चैनल के कुछ ठोस कदम उठावे के चाहीं। हम इहाँ पुने में बानी अउर केबलवाला से 3-4 वेर रिक्वेस्ट क भइनी पर महुआ के दरसन नइके हो पावत।
    कबो-कबो महुआ देखे के होला त अपनी एगो उड़िया मित्र की घरे जानी जवन डिस लगवले बाने।

    जय भोजपुरी।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up