महुआ प्लस के क्रिएटिव कंसल्टेंट बनलें मनोज भावुक

by | Jul 7, 2015 | 1 comment

Manoj-on-MahuaTVमशहूर भोजपुरी राइटर आ टीवी पत्रकार मनोज भावुक भोजपुरी के सबले लोकप्रिय चैनल ‘महुआ प्लस’ के क्रिएटिव कंसल्टेंट बनावल गइल बाड़ें.

लोग कहेला कि टेलीविजन पत्रकारिता में प्रतिभावान लोग नइखे बाकिर कुछ टेलीविजन पत्रकार लगातार एह भरम के तूड़त रहेलें. एहीमें मनोजो भावुक शामिल बाड़न. चैनलन में रहतो ऊ दुनिया के अपना रचनात्मकता से खुश कर दिहलें. मनोज भावुक के साहित्य-जगत के अनेके प्रतिष्ठित सम्मान मिल चुकल बा. उनकर ग़ज़ल-संग्रह ‘तस्वीर जिंदगी के’ खातिर उनुका भारतीय भाषा परिषद सम्मान आ भाऊराव देवरस सेवा सम्मान से नवाज़ल गइल बा. टी-सीरीज एह ग़ज़लन के आडियो रीलिज कइले बा जवन भोजपुरी के पहिलका ग़ज़ल -अल्बम हवे.

मूलरूप से बिहार के सिवान जिला के मनोज भावुक यूपी के रेनुकूट में पलले-बढ़ले. हाल फिलहाल मनोज भावुक विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली इकाई के अध्यक्ष आ दुनिया के अनेके भोजपुरी संस्थान से संस्थापक, सलाहकार भा सदस्य के रुप में जुड़ल बाड़े.

90 का दशक में मनोज भावुक बतौर फ़्रीलांसर पटना दूरदर्शन आ कुछ अखबारन ला काम शुरू कइलन. 1998 में भोजपुरी के पहिला टीवी सीरियल ‘सांची पिरितिया’ में अभिनेता बनलें आ 1999 में ‘तहरे से घर बसाएब’ नाम के टीवी सीरियल में बतौर कथा-पटकथा, संवाद आ गीत लेखक रहलन. दुनू सीरियल पटना दूरदर्शन से प्रसारित भइल रहे.

साल 2008 में बतौर प्रोग्रामिंग हेड ‘हमार टीवी’ से जुड़ल आ प्रोग्रामिंग कंटेंट अउर स्पेशल प्रोजेक्ट्स एंकरिंग का साथही फिल्म, साहित्य, संगीत, फैशन, गॉसिप, डोमेस्टिक बिहेवियर, करियर, हेल्थ, फोक स्टोरीज अउर सेक्स जइसन ज्वलंत मुद्दन पर अनेके कार्यक्रम बनवलन. लगभग चार बरीस ले हमार टीवी का साथे रहला का बाद मनोज भावुक अंजन टीवी से बतौर एग्जीक्यूटिव प्रोड्यूसर जुड़ल रहले.

मनोज भोजपुरी साहित्य आ सिनेमा के विशेषज्ञ कहालें आ कवि अउर फिल्म समीक्षक हउवन. ढेर दिन ले थियेटर करे का दौरान बिहार आर्ट थियेटर, कालिदास रंगालय के नाट्य डिप्लोमा (96-98) के टॉपर रहले. फिलिमन में काम कइलें, लोक राग , भोजपुरी नाटक अउर भोजपुरी सिनेमा के इतिहास पर गहन शोध कइले, बतौर विश्लेषक कई टीवी चैनलन के बहस में शिरकत कइले आ अखबारन ला स्तंभ लिखले.

अंजन टीवी खातिर मनोज भिखारी ठाकुर, राजेन्द्र प्रसाद, बिस्मिल्लाह खान जइसन भोजपुरी विभूतियन पर स्पेशल कार्यक्रम बनवले. ‘भोजपुरी सिनेमा : 1948 -2013’ के सफर पर डॉक्यूमेंटरी बनवलन. क्राइम शो ‘गुनहगार’ लिखलन. ‘सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग’ मे भोजपुरी टीम खातिर गीत लिखलन, चैनलन के टायटल सांग लिखलन.

आ अब महुआ प्लस से जुड़ला का पहिलके दिने ‘भौजी न० १’ के जज बनले. चैनल से जुड़ला पर आपन ख़ुशी जाहिर करत मनोज भावुक के कहना बा कि ‘हम भोजपुरी के ब्रांड आ सबसे लोकप्रिय प्लेटफॉर्म पर खड़ा हो के उम्मीद करत बानी कि अपना दर्शकन ला कुछ नया, कुछ यूनिक, कुछ बेहतरीन बनाएब. थीम पुरानो होखी त अंदाज़ नया आ जुदा रही.’


रविरंजन

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई मनोज भावुक जी ……

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up