महुआ प्लस के नयका रूप, अउरी अधिका मनोरंजन

by | Apr 14, 2017 | 0 comments


बहुते कम समय में देश विदेश के भोजपुरिया दर्शकन के दिल में अपना ला नेह भरल जगहा बना लेबे में कामयाब रहल महुआ प्लस अब अपना देखनिहारन के एगो नया कलेवर आ नया रंग-रूप में नज़र आई अब. महुआ प्लस पहिलही से अपना एक ले बढ़के एक बेहतरीन रिएलिटी शोज खातिर जानल जाता आ एही चलते ई चैनल अपना देखनिहारन के पहिला पसंद बनि के हमेशा सुर्खियन मे रहल बा.

भौजी नं वन, सुरवीर जइसन रिएलिटी शोज, नया नया भोजपुरी फिलिम, हिंदी आ भोजपुरी फ़िल्मन के गाना, भक्ति-भजन, आरती जइसन उम्दा कार्यक्रमन के देखेवाला हमेशा आपन नेह देत आइल बाड़ें. अब एक बेर फेरु महुआ प्लस अपना देखनिहार के पसन्द प ध्यान देत नया प्रोग्राम, नया-नया फिलिमन आ गीत गवनई का साथे आवे वाला दिनन में कई एक नया प्रोग्रामो के शुरुआत करे वाला बा.

“सोंग्स ऑन डिमांड” जइसन प्रोग्राम जल्दिए शुरु होखे जात बा जवना में रउआ अपना पसंद के गाना “सोंग्स ऑन डिमांड” प्रोग्राम मे देख सुन पाएब. बाकी टेलीविज़न प्रोग्रामन से एकदम अलग फार्मेट में पेश होखे जात एह प्रोग्राम के सबले खास बाति ई होखा कि रउरा आपन फरमाइश व्हाट्सअप संदेश से भेजब आ ओकरा के लाइव देख सुन सकब. एकरे अलावा इंटरटेनमेंट खबरन में फ़िलिमन के समीक्षा, गाना, सेलेब टॉक वगैरह रही. खास खास अवसरन प महुआ प्लस अउरियो अनेके खास प्रोग्राम लेके आइल करी. एह प्रोग्रामन के भोजपुरी जगत के राउर चहेता चहेती सितारा मोनालिसा, आम्रपाली दुबे, गुंजन पन्त, सीमा सिंह, पवन सिंह, खेसारीलाल, निरहुआ, विक्रांत सिंह राजपूत, प्रियेश सिन्हा, देवी, गोपाल राय, विनय आनंद, वगैरह लोग अपना दमदार परफॉरमेंस से सजावल करी.

भोजपुरियन के पहिलका पसंद महुआ प्लस अब डेन नेटवर्क, सिटी मौर्या, फास्टवे, एशियानेट, स्काईनेट, सेवन स्टार, ई डिजीटल. नेटविजन, एचडीएस, जीटीपीएल वगैरह बड़का केवल नेटवर्कनो प उपलब्ध हो गइल बा.


(सर्वेश कश्यप, पी आर ओ)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up