India wins medals and match both

Yesterday it was India’s day. It won the first test match with Australia due to sheer courage and persistance of VVS Laxman who lead India to victory despite suffering from excruciating backpain. In Commonwealth games Indian sportspersons won five Gold medals, three in wrestling and two in shooting.

काल्हु मंगल का दिने भारत राष्ट्रमण्डल खेल में पाँच गो स्वर्ण पदक आ दू गो रजत पदक जीत लिहलसि. भारत के १० मीटर रायफल पेयर्स निशानेबाजी में पहिलका स्वर्ण पदक अभिनव बिंद्रा आ गगन नारंग के जोड़ी दिअवले. निशानेबाजी के दूसरका स्वर्ण पदक २५ मीटर पिस्टल महिला पेयर्स में अनीशा सैयद आ राही सरणोवत के जोड़ी दिअवली. बाकी के तीन गो स्वर्ण कुश्ती में मिलल. ६० किलो के रविन्दर सिंह, ७४ किलो के संजय, आ ९६ किलो के संजय कुमार अपना अपना वर्ग में स्वर्ण जीतलें.

भारत के मिलल दूनु रजत पदक निशानेबाजी में ५० मीटर पिस्टल पेयर्स में ओंकार सिंह आ दीपक शर्मा के जोड़ी, आ ५‍० मीटर थ्री पोजीशन महिला पेयर्स में लज्जा गोस्वामी आ तेजस्विनी सावंत जीतली.

भारत के काल्हु क्रिकेटो में एगो धमाकेदार जीत मिलल जब भारत आस्ट्रेलिया से होखत पहिलका टेस्ट मैच में हारत हारत जीत गइल. जीत दिआवे के समूचा श्रेय वी वी एस लक्ष्मण के जाई जे अपना पीठ दर्द के पीड़ा झेलत भारत के जीत दिआ दिहलन. ओकरा पहिले भारत के आठ गो बल्लेबाज १२४ रन पर आउट हो चुकल रहले आ जीत खातिर ९२ रन के दरकार रहे. ओह संकट का घड़ी में लक्ष्मण अपना देह के परवाह छोड़ के भारत के जितावे खातिर क्रीज पर जम गइलें. उनकर मजगर साथ इशांत शर्मा दिहले जे एहसे पहिले क्रीज पर कबो अतना देर ले ना टिकल रहन. इशांत ३१ गो रनो बनवले बाकिर ऊ पगबाधा आउट दे दिहल गइले. तब आखिरी खिलाड़ी प्रज्ञान ओझा अइले. लक्ष्मण उनुका कान में कुछ मंत्र फूंकले आ भारत के जीता दिहलें.

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up