भोजपुरी खातिर समर्पित त्रैमासिक पत्रिका भोजपुरी जिन्दगी के नयका अंक

by | Mar 29, 2012 | 5 comments

अतिथि संपादक के कलम से…

भारत के सामाजिक व्यवस्था एगो अइसन अत्याधुनिक व्यवस्था बा जेकरा चलते आजो इ देश के वंचित समाज घोर कष्ट में जीवन जीये खातिर बाध्य बा. जाति व्यवस्था, जेकरा ऊपर धरम के मोहर लागल बा, उ ‘कैंसर’ जइसन भयानक बेमारी लेखा लाइलाज होके बार-बार फूट पड़ेला. आजो 2012 में भी हमनी के देश के चारों कोना में इ व्यवस्था के भयानक रूप में प्रत्यक्ष देखऽ तानी जा.

समाज के निचला तबका के साथे आजो जवन बेवहार होता उ मानवता के नाम पर कलंक हऽ. “भोजपुरी जिंदगी” खाली भोजपुरी भाषा अउर क्षेत्र से जुड़ल विषय लेके एकांगी पत्रिका नइखे. इ पत्रिका आपन राष्ट्रीय स्वरूप के ओर अग्रसर हो रहल बीया. हमनी के इ पत्रिका के इ नवका अंक देख अपने सभे इ सहज रूप से अनुमान लगा सकऽतानी जा कि आपन राष्ट्रीय दायित्व के लेके अउर भोजपुरी जइसन समृद्ध भाषा के विश्व स्तर पर अन्य भाषा के समक्ष लाये खातिर इ पत्रिका के भूमिका केतना महत्वपूर्ण होत जाता.

विश्व कवि रवीन्द्रनाथ ठाकुर अपना साहित्य के माध्यम से आपन देश के नाम रोशन क के भा खाली नोबेल पुरस्कार पाके विख्यात ना भइलन बाकिर मानवता के पोषक विचारधारा खातिर विश्वविख्यात भइलन. इ पत्रिका अइसन महान साहित्यकार अउर चिन्तक के ऊपर विशेषांक निकाल के फिर एगो नवका सामाजिक चेतना खातिर अउर भरत के नवनिर्माण खातिर आपन योगदान देवे खातिर अग्रसर हो रहल बिया. आशा बा साहित्य के विभिन्न विधा से पूर्ण अउर सामाजिक चेतना से परिपूर्ण साहित्य पढ़ के निश्चित रूप से रउरा लोग में नवचेतना के संचार होई. हमार कामना बा कि गुरू रवीन्द्रनाथ ठाकुर के अनछुअल पहलू के पढ़े के बाद रउरा लोग भी इ पत्रिका के आगे बढ़ावे में आपन योगदान जरूर देम.
राउर आपन,
प्रो. शत्रुघ्न कुमार
निदेशक, भोजपुरी भाषा, साहित्य एवं सांस्कृतिक केन्द; इग्नू, दिल्ली


भोजपुरी जिनगी के नयका अंक अप्रेल जून साल २०१२ के अंक में कविगुरू रविन्द्र नाथ टैगोर से जुड़ल सामग्री दिहल गइल बा. एह अंक के संपादन प्रसिद्ध वरिष्ठ दलित साहित्यकार प्रो॰ शत्रुघ्न कुमार कइले बानी. उपर के लेख उनही के लिखल ह. बाकी पूरा अंक पीडीएफ फाइल में एहिजा मौजूद बा. पढ़ीं आ आपन राय भेजीं.

Loading

5 Comments

  1. amritanshuom

    भोजपुरी जिंदगी के २०१२ के नया अंक बहुत अच्छा लागल .

    धन्यवाद ! संपादक मंडल के लोगन के .

    ओ.पी.अमृतांशु

  2. Manoj Kumar

    REMEMBERING THE LEGEND ” KABIGURU RABINDRANATH TAGORE” this is first time that any bhojpuri magazine done this type of work in bhojpuri literature.
    Thanks to anjoria , O P Singh and Bhojpuri Jinagi

  3. चंदन कुमार मिश्र

    भोजपुरी जिनगी चाहे जिनिगी! जिंदगी ठीक नइखे लागत

    सिपाही सिंह ‘श्रीमंत’ के कइल पूरा गीतांजलि के अनुवाद एही घरी अपना घरे देखनी।

  4. Farukh Khan

    भोजपुरी जिंदगी के ई अंक खूब साराहे जोग बा. टैगोर के जिनगी के कई गो पक्ष के उजागर करत बा . भोजपुरी में गीतांजलि के अनुवाद बा ई हमनी खातिर गौरव के बात बा.
    पत्रिका टीम के बधाई .
    फारुख खान
    एम्पेरिअल बुक सर्विस

  5. kshitij saurav

    landmark work in the history of bhojpuri literature

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up