दास मलूका कह गए सबके दाता राम !

by | Mar 29, 2011 | 2 comments

– विकास

अजगर करे ना चाकरी पंछी करे न काम, दास मलूका कह गए सबके दाता राम !

चलीं तनी एह जानल सुनल कहावत के व्याख्या कइल जाव. सोचल जाव कि आखिर अजगर चाकरी काहे ना करे, पंछी काम काहे ना कर सँ आ आखिर राम का लगे देबे खातिर अतना धन आइल कहवाँ से ?

अजगर के चाकरी ना कइल कहीं ओकर असकतिया होखला के चलते त नइखे ? आ कि अजगरनी से शादी का बेरा ओकरा अतना दहेज मिल गइल कि ओकरा अब कुछ करे के जरुरते ना पड़े आ ऊ आराम से टँगड़ी पर टँगड़ी चढ़वले बइठल रहे. आखिर कवनो त कारण होखी ओकरा काम ना कइला के ?अगर सही में अइसन बा कि बिना कामे कइले ओकरा सबकुछ भेंटा जाला त हमनियो खातिर अइसने कुछ इंतजाम होखे के चाहीं जेहसे नौकरी पावे खातिर हमनी के लमहर लाइनन में ना लागे के पड़े, कॉलेज से डिग्री लिहला का बाद दुआरे दुआरे ना भटके के पड़े, आ हमनी के बापन के सिफारिश ले के दोसरा का आगा मुँह ना खोले के पड़े.

आ पंछी कहीं हमनी के नेतवन से त ना सीख लिहलसि बेकाम रहे के. कहीं ऊ आरक्षण का सहारे त पंछियन का दल में शामिल नइखे हो गइल ? आ पंछी के काम ना कइला के ओकर बीबी कइसे देखेले ? का ओकरा तनिको खराब ना लागे कि सभकर मरद काम करत बा आ ओकर निठल्लू बइठल बा ? आ अइसन निठल्लू पंछी अपना बाल बच्चन का सोझा कइसन चरित्र देखावत बा ?

रहल सवाल राम जी के दिहला के, त का उनुका आजु का व्यावसायिक उथलपुथल से कवनो फरक नइखे पड़त ? अगर उनुका लगे सही में अतना धन बा त दुनिया में अतना हाहाकार काहे मचल बा ?काहे सबही परेशान बा ? सबले बड़ बाति ई कि उनुका अतना धन भेंटाइल कहवाँ से ? का उनुको लगे स्विस बैंक में खाता बा ? हे प्रभू अगर राउर दास मलूका के कहल साँच बा त हमार निहोरा बा आप से कि आपन धन अइसे मत लुटाईं. बाँटही के बा त ओह किसानन में बाँटी जे रात दिन आपन खून पसीना बहा के अनाज त उगा ले लें बाकिर अपने लड़िकन का सोझा दू जून के रोटी ना परोस पावे. अगर रउरा आपन प्रभुता बनवले राखे के बा त अपना तरीका में तनी बदलाव ले आईं महाप्रभु !

बहरहाल दास मलूका जी के इ कहल जहां एक तरफ प्रभु के प्रभुताई पर सवाल उठावत बा दोसरा तरफ उनुका पर भरोसो जगावत बा. अब ई रउरा पर बा कि पानी के गिलास आधा खाली बा कि आधा भरल ?

एह विषय पर बहुते कुछ लिखल जा सकेला. अगर रउरा लागत बा कि एह पर आगा लिखल ठीक रही त जरुर बताईं.

राउर,
विकास

विकास जी के ई रचना उनुका ब्लॉग पर पढ़ के मन ना मानल आ ओकर भोजपुरी अनुवाद करि के रउरा सोझा परोस दिहनी.
http://vikkp.blogspot.com/

Loading

2 Comments

  1. Vikash

    bahut bahut shukriyaa amritanshu bhaii..

  2. amritanshuom

    बहुत नीमन लागल विकास जी के व्याखाया दास मलूका जी के दोहा पर .

    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up