Photo of Dr.Janardan Rai

– डा॰ जनार्दन राय

नीनि आइल निमन ह. जेकरा आँखि से इहां का हटि जाइला ओकर खाइल-पियल, उठल-बइठल, चलल-फिरल, मउज-मस्ती, हंसी-मजाक कुल्हि बिला जाला. अइसन जनाला कि किछु हेरा गइल बा, ओके खोजे में अदीमी रात-दिन एक कइले रहेला.

निकहा दिन से हमरो नीनि उचटि गइल बा बाकिर हम केहू से कुछ कहीलां ना. सोची ला कि बूढ़ भइला पर अइसन होखल करेला. हमरा संगे कवनो अजगुत नइखे भइल. जे साठि-सत्तर से हेले लागेला ऊ कवनो अनहोनी का इन्तजार में आपन आँखि बिछवले रहेला. रहता देखत रहेला, हित-नात, संगी-साथी, निमन-बाउर सभे किछु एही सभ का माथे रहेला. एसे सोचत-विचारत रहला का वजह से, उहाँ का आपन आसन जमा ना पाइलां. कबो-कबो त अइसन होला कि जब नीनि जनमतुवा का आँखि पर अइला से असकतियाये लागेले त अजिया, महतारी, फुवा लोगन का काफी मसक्कत करे के परेला. उनुकरा मनावन में ओझइती का संगे-संगे गीत-गवनईं में जेवन लोरी दादी का मुँह से निकसेले, ओकर धुनि, रस, गंध अजबे सवदगर होला – आउ रे निनिया निनरबन से, बबुआ आवेले ननिअउरा से. आउ रे निनिया निनरबन से.

चइत महीना रहे. कटिया लागल रहे. ताल में मसुरी पाकि के झन-झना गइल रहे. टाँड़ पर पाकल रहिला के ढेढ़ी झरत रहे आ ओने दियरी में अबहीं गोहूँ चना पाकल तऽ ना रहे, बाकिर होरहा हो गइल रहे. एक ओर कटनी आ दुसरकी ओर होरहा का लालच में मन कसमसा के रहि गइल. अकसरूवा जीव दिन भर छिछिआइला से थाकि के एकदम बेबस हो गइल रहे. किछु करे के बेंवत ना रहे. लमहर सीवान में घुमते-घुमत साँझि हो गइल. एतने होला कि आपन खेत, बन बगइचा एक बेरि आँखि में उतरि आवेला. ऊहो देखेला आ अपनहूं देखि के आँखि में जुड़ाई परेला.

थाकल-खेदाइल देहि साँझि खने दुवारे डसावल बंसहट पर परि गइल. अकसरूवा होखला का नाते कबो-कबो डेरा डाँड़ि पर अइसहूं रुक जाये के परेला ए वजह से हमरा घरनी का कवनो चिन्ता-फिकिर ना रहेले. भइल अइसन कि नीनि ओह दिन अपना गिरफ्त में एह कदर लिहलसि कि किछु साँवा-सुधि ना रहि गइल. अइसन बुझाइल कि निनिया आइल बा सुनरबन से.

भइया संगे बँटवारा कवनो आजु के ना ह. ढेर दिन बीति गइल बाकिर हार आ हँसुली के लेके भउजी का संगे जवन उठा-पटक भइल ओकरा से तनी मन में गिरहि त परिये गइल. नीनि ना खुललि. देरी ले सुतल देखि के भइया का मन में किछु अइसन बुझाइल कि, ई काम त कबो के कइले ना हऽ, मेहरि का कहला में परि के बाँटि त जरुर लिहलसि, बाकिर दिल जगहे पर बा. बोलसु त नहिये बाकिर बुचिया, भउजी आ भइया तीनू जाना के फुसुर-फुसुर बोली त सुनाते रहे. चइत के मुंगरी से थुराइल देहिं कवहथ में ना रहे. दरद त रहबे कइल, बाकिर देहिं पर परल नीमि के फूल ओकर गंध, बयार का पाँखि पर चढ़ि के तन-मन के सुहुरा के जवन गुदगुदी पैदा कइलसि ओहि दिने बुझाइल कि –

नीमिया रे करूवाइन, तबो शीतल छाँह,
भइया रे बिराना, तबो दहिनु बाँह.

टेढ़की नीमि के दतुवन, ओकर खोरठी, पतई, निबावट, लवना, छाँह हमनी खातिर कतना आड़ बा, अब तनी-तनी बुझाये लागल ह. साँझि होते पतई का फुनुगी पर बइठल चिरइन के गिरोह, उन्हनी के खोता, तितिली आ कबे-कबे भुलाइल भँवरन के मटरगस्ती केतना नीक लागेले, ई कहे के बाति नइखे. ओह दिन त हम अपना घरनी का कहला में परि के नीमि का छाती पर जवन टाँगी चलवलीं कि ऊ कटा के बांचि त जरूर गइल बाकिर हमरा छाती में जवन छेद भइल कि आजु ले ना भराइल. हमरा खूबे इयादि बा जब नीमि का पुलुई पर बइठि के उरूवा बोलल – उ—उ—उ—-उ, त हमार घरनी कहली कि इहनी के बोलल नीक ना ह. बाकिर उनुकरा बाति पर बाति बइठावत बंसी साधू कहलनि – ई गियानी हवन जा. बोलला के मतलब ई होला कि सजग हो जा. किछु अइसन होई कि टोल-महाल में कवनो दुख, बिपति जरूर आई. ई आवे वाला बेरामी, बिपदा, बाढ़ि, सूखा, महामारी के बता के पोढ़ होखे के शक्ति देला.

नीमि के डाढि उरूवा के ठांव बा. गौरईया के खोंता, आ माता दाई के झुलुहा बा. त एकर पतई दवाई आ टूसा टानिक बा. एकर दतुवन मुँह बसइला से लेके पेट का हर बेरामी के अचूक दवाई बा. इहे ना, एकरा सूखल डाढ़ि पर कोर पतुकी में बनावल भोजन के खाये वाला कइसनो कोढ़ी होखो, एक बरिस में जरूर ठीक हो जाई. एही से एकरा छाँव में बइठि के गांव के गोरी जवन गीति गावेली स ओकर अजबे रस बा. एह छाँव में संवसार के संवारे वाली माता-दाई खुद बसेरा करेली. एहीसे भर नौरातन इनका गाछ से छेड़-छाड़ कइल ठीक ना मानल जाला. गाँव-गवई के माई-बहिन जब गावेली स त रोंवा भभरे लागेला –

नीनिया के डाढ़ि मईया,
लावेली झुलुहवा, हो कि, झूलि झूलि ना.
मइया मोरी, गावेली हो
गीतिया कि, झूलि झूलि ना.
झूलत-झूलत मइया के
लगली पियसिया, कि बूंद एक ना!
मालिनि पनिया पियाव, मोके बूँद एक ना.

माली-मालिनी मिलि क महामाया का किरिपा से नीमि के सींचत जवन रूप देले बा ओही तरे मातादाई एह संवसार में रसे-बसे वाला हर जीव-जंतु के जिये, संवरे, सोचे, समुझे के बल-बुद्धि देले बानी. जरूरत एह बाति के बा कि इंसान के इंसान बूझी जा. भाई के कसाई समझ के काटे के ना ह. भाई भाई ह. संबंधन का बीच में खटाई डाले के बाति ना होखे के चाहीं. घाम सहि के छाँह दिहल आ दुख काटि के सुख बाँटल असली धरम ह. सच-सच कहल जाय त आपन करमे असली धरम ह. एह राह-रहनि से जे रही, ओकरा करनी से घरनी आ धरनी दूनो के राहि रसगर हो जाई. संवसार मसान होखे से बँचि जाई. एके बंचावे बदे जे दुई कदम चली, माई के असली बेटा उहे ह –

यः प्रीणयेत् सुचरितैः पितरं स पुत्रो.


नरही, बलिया.


अगस्त २००३ में अँजोरिया के पहिलका अंक में प्रकाशित

Loading

2 thoughts on “नीमिया रे करूवाइन”
  1. सरल-सहज बोली में नींद से नीम के प्रेमालाप बहुते नीक लागल. बहुत बहुत बधाई राय जी के…..

Leave a Reply to दिवाकर मणिCancel reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up