फागुन बाट ना जोहे

by | Mar 16, 2016 | 0 comments

– अशोक द्विवेदी

DrAshokDvivedi
फागुन बाट ना जोहे, बेरा प’ खुद हाजिर हो जाला. रउवा रुचेभा ना रुचे, ऊ गुदरवला से बाज ना आवे. एही से फगुवा अनंग आ रंग के त्यौहार कहाला. राग-रंग के ई उत्सव, बसन्त से सम्मत (संवत् भा होलिका दहन) आ होली से बुढ़वा मंगर ले चलेला. एह बीचे राग रंग के सुरलहरी का गूँज-अनुगूँज से’भारतीय मन (खास कर भोजपुरिया मन मिजाज) में हिलोर उठत रहेला.

झूमर का धुन पर बान्हल, फाग आ होरी गीतन के दादरा आ कँहरवा के ठेका पर गावत देखि सुनि के बुढ़वनों के मन बउरा जाला. अगर ना बउराइल तs बूझ लीं, ओकरा भीतर क जीवन रस सुखा गइल, ऊ काठ हो गइल. आज स्व. भोलानाथ गहमरी क सुधि आवत बा, उनकर गीत हवा में सुरसुरा रहल बा ….

रँग फगुनी बसन्ती रँगा गइले राम/
धरती -गगन रस बरिसेला !

छलके गुलबवा क लाली गगरिया /
पी-पी के मन बउरा गइले राम /
धरती गगन रस बरिसेला !

चन्दा के दरपन में पिउ के सुरतिया/
बरबस नयन में समा गइले राम /
धरती-गगन रस बरिसेला !

अमवाँ क मोजरा से गंध मदन के /
घर अँगना पवन ढरका गइले राम /
धरती गगन रस बरिसेला !!

फागुन हइये हsअइसन पहुना कि सगरी बरिजना (वर्जना) तूरि देला. धसोरि के मरजादा क देवाल भहरा देला. सगरी कुंठा बहरियावे क अचूक अवसर ई फगुवे देला. लोगन के कलेन्डर से बहरा निकलवावे खातिर फागुन सनेह क सगुन जगावेला. भोलाजी अपना गीत में, ईहे सनेह सगुन जगावत बाड़न…

फागुन सगुन सनेहिया जगावे,
तन मन सुधि बिसरावे !
रंग बिरंग किरिन रँग घोरे
अँग अँग धरती अकसवा के बोरे
भरि भरि अंक लगावे;
फागुन सगुन सनेहिया जगावे!

ई सगरी रंग राग क परोसा रउरे खातिर बा. अब त कलेन्डर से बहरा निकलि आईं. आईं ‘भ्रमरानन्द’,बन के गावल जाव….

‘भरि भरि मारे पिचकरिया हो /रस बरिसे फगुनवाँ!!’

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up