बतकुच्चन – ४५

by | Feb 2, 2012 | 0 comments


पिछला बेर पोजिटिव थिंकिंग के बात सामने आइल रहुवे से आजु ओहिजे से शुरू करत बानी. पोजिटिव थिंकिंग, माने कि सकारात्मक सोच, माने कि सकारथ सोच ओह सोच के कहल जाला जवन आदमी के मनोरथ पूरा करे, ओकर ईच्छा पूरा करे भा ओकर सोचल सगरी काम पूरा करे में सहायता करे. ठीक एकरा उलट होले निगेटिव थिंकिंग, माने कि नकारात्मक सोच, माने कि अकारथ सोच जवन बेकार के सोच होले, जवना से कवनो मकसद, कवनो कारथ पूरा ना होखत होखे. कहल जाला कि सोचावट में बहुते ताकत होले बाकिर ओकर सही इस्तेमाल हमनी का ना कर पाईं ले. सही सोच हमेशा सकारथ होखेला गलत सोच अकारथ बनि जाला. अब सकारथ आ सवारथ वाली सोच में मकसद एके लेखा होखला का बावजूद दुनु सोच में बहुते अन्तर होला. सवारथ वाला सोच बस आपन सोचेले आ ओकरा एहसे कवनो मतलब ना होखे कि एह दौरान दोसरा केहू के कतना नुकसान होखत बा. सकारथ सोच अपना फायदा के जरूर सोचेला बाकिर दोसरा के बिना नुकसान चहुँपवेले. मान लीं कि रउरा दउड़ में शामिल बानी आ बगल वाला दउड़ाक रउरा ले तेज दउड़त बा. अब एहीजा सवारथ वाली सोच सोची कि काहे ना ओकरा के लंघी मार दिहल जाव कि ऊ ढिमला जाव आ हम आगा निकल जाईं जबकि सकारथ सोच रउरा में स्फूर्ति आ उत्साह भरे के काम करी जवना से रउरा ओकरा से तेज दउड़ सकीं. अब इहो ना होखे कि हर तरह के सोच पूरा हो सकेला. कवनो सोच चाहे ऊ कतनो सकारथ सोच काहे ना होखो सही ना हो सके जब ओकर मकसद प्रकृति के नियम का बहरा होखे. जइसे कि केहु सोचे कि ओकरा लगे तीन भा चार गो हाथ हो जाव त ई कवनो सोचावट से ना हो सकी. हँ सकारथ सोच रउरा के एह लायक जरूर बना दी कि रउरा कई हाथ के काम अपना दूइये हाथ से कर सकीं. सकारथ सोचे उहे सकारथ होले जवना पर रउरो पूरा भरोसा होखे. अगर रउरा बेमन के, बिना भरोसा के कुछ सोचल चाहत बानी त सोचीं ओकरा के जागते में सपना देखला से बेसी मानल भूल होखी. अब सकारथ अकारथ आ सवारथ से मिलते जुलत शब्द होला महारत. हर आदमी कवनो ना कवनो गुण में महारत हासिल कर सकेला आ ओह महारत के सही इस्तेमाल से आपन सगरी मनोरथ अपना सकारथ सोच से पूरा कर सकेला. अब एह पूरा पर इयाद आइल कि एगो पुरावल होला, एगो पुरईन, हवा कबो पुरुवा बहेले त कबो पछुआ, आ कोर्ट कचहरी पंचायत में अकसरहा पुरवा साखी के जरूरत पड़ेला. अब एकरा के रसरी लेखा पूरत जाईं जतना मन करें आ तबे सही बतकुच्चन होई. बाकिर अब आजु ना अगिला बेर !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up