बतकुच्चन – ६५

by | Jun 28, 2012 | 0 comments


बुड़बक बझावल राजनीति में त बहुते होला बाकिर विज्ञानो में कम ना होखे. पिछला हफ्ता सुने के मिलल रहुवे कि मानसून केरल ले आ गइल बा आ अब अवले चाहऽता छपरा बलिया ले. बाकिर आसमान से अबही ले वइसहीं आग बरसत बा आ अब कहल जात बा कि मानसून थथम गइल बा. जइसे देश में बहुते कुछ थथमल बा. खैर आज दिन भर तवत घाम में दहकल बानी से आजु एही दहकल, धधकल, लहकल के चउगोठे के सोचत बानी. हालांकि चउगोठल खेती में होला जब हर जोतत घरी लमहर घेरा में चलल जाला. जइसे आजुकाल्हु देश के राष्ट्रपति चुने खातिर राजनीति में चउगोठल जात बा. दहकल दाह से उपजल शब्द ह. दाह माने गरमी, आग, आग लगावल, अंतिम संस्कार में दाह कर्म कइल वगैरह. एही दाह से मिलल जुलल शब्द दह होला. दह माने ऊ जगहा जहवाँ पानी गहिरा बा. अब ई दह नदीओ में हो सकेला आ बड़का तालाबो पोखरा में. दह से बनल दहल आ दहावल. बाकिर एह गरमी में पानी के सपनो देखे नइखे देत ई दहकावत गरमी. दाह से दाहल, दहक आ दहकावल बनल. दाहल कहल जाला जब केहू के सजा दिहल जाला कवनो गरम चीज से जरा के भा कवनो अइसन बात से कि सुने वाला के तकलीफ होखे. दहकावल ओह दहकवला के कहल जाला जवना में सामने वाला आदमी खीसि लहके लागे. लहकल दु तरह के होला, कबो आदमी खुशी से लहकेला त कबो खीसि से. अंतर संदर्भ के होला. लहोक आग के लपट के कहल जाला जवन लहरत उपर उठेला. एही तरह के शब्द ह धधकल जवना में लपट भा लहोक त ना उठे बाकिर गरमी बहुते होला. जरत लाल कोयला धधकेला, धाह मारेला. माने कि गरमी देला. जइसे कि जब सिविल सोसाइटी नाम के लोग सरकार के मंत्रियन पर अतना धाह मारेला कि ऊ बेचारा लहकेलें कम आ धधकेलें बेसी. बाकिर एह दहकल, धधकल, लहकल में कमो बेस एके बात होला. एगो कहाउत ह कि “बुझेली चिलम जिनका पर चढ़ेला अंगारी”. बाकी लोग त बस आनंद लेला. देश समाज परिवारो में कुछ अइसने चिलम होलें जिनका सब कुछ चुपचाप झेले पड़ेला जेहसे कि देश समाज परिवार चलत रहो, लोग खुशी से जियत रहो. सामने वाला कवना दिक्कत परेशानी में बा एह पर केहू ना सोचे. मनमोहन जी पर ढेरे लोग ढेरे कुछ कहत रहेला बाकिर उनुकर परेशानी त उहे बूझत होखीहें. दहकत करेजा लिहले ऊ चुपचाप सब कुछ झेलत जात बाड़ें. जइसे कि किसान के हाल बा. आसमान से आग बरसत बा, आषाढ़ आधा बीत चलल आ बरखा के कवनो सुनगुनो कतहीं नइखे. खाद के दाम सुने में आवत बा कि कई गुना बढ़ गइल बा. एह सब कुछ का बावजूद ऊ बेचारा लहकत नइखे. ओकरा बर्दाश्त करे के आदत पड़ गइल बा. बाकिर ओकरा दुख के एह दह के पलटि दीं त हद पार करे में देरिओ ना लागी. सब कुछ का बावजूद आजुओ देश किसान आ किसानिए से चलत बा. अलग बाति बा कि किराना का दूकान से सामान खरीदे वालन के पता ना लागे कि किसान के उपज महँग काहे बा जबकि किसान के ओकरा उपज के दाम शायदे भेटाला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up