बतकुच्चन – १२

by | May 24, 2011 | 0 comments

तेरह तारीख के चुनाव परिणाम सुनत एगो बाति दिमाग में घूमे लागल. बंगाल में दीदी जीत गइली, तमिलनाडु में अम्मा. राजनीति में सत्ता के गलियारन तक पहुँचे वाला लोग में कबो कवनो भउजी आइल होखसु से याद नइखे आवत. पिछला हफ्ता बात त पहुँचा, पहुँची, पहुँचल के करे के वादा कइले रहीं बाकिर बाति पर टिकल रहि जाव त भला बतकुच्चन कइसन. आजु भउजी के बात बेसी जरुरी लागल एहसे भउजीए में अझुरा गइनी. हँ, त बात होत रहुवे सत्ता के गलियारा में चहुँपे वाला लोग दीदी हो सकेला, अम्मा हो सकेला बाकिर भउजाई ना, से काहे ? जबकि भउजी शब्द में महतारी जइसन आदर आ प्रेमिका जइसन अपनापन दुनु मिल जाले. आम बोलचालो में देखीले कि लोग कवनो औरत के भाभी त बड़ा आराम से कहि देला बाकिर उहे आदमी ओही महिला के भउजी ना कहे.

सवाल उठल स्वाभाविक बा कि अइसन काहे ? कहीं एह चलते त ना कि भाभी में औपचारिकता वाली ध्वनि झलकेला जबकि भउजी में कहीं ना कहीं अपनापन, स्नेह वाली भावना. आ शायद एही चलते भउजी शब्द बोलचाल में कम होत चल गइल आ भाभी बढ़त गइली. फेर सोचनी कि भाभी का साथे जी जोड़ला बिना आदरसूचक ना बन पावे जबकि भउजी में जी हमेशा से जुड़ल बा. आ बात जब भउजी के चलत बा त इहो बता दिहल सही लागत बा कि बड़ भाई के पत्नी के भउजी भा भउजाई आ छोट भाई के पत्नी के भवे भा भवह कहल जाला. आ एही भ धातु से बनल पार्टी भाजपा से हमार निहोरा बा कि सुषमा स्वराज के अगर सुषमा भउजी का रुप में सामने ले आवल जाव त शायद नवहियन के पार्टी से जोड़े में सुविधा होखी.

अलग बाति बा कि भाजपा हर बात का तरह एहू बाति के निर्देश संघ मुख्यालय से मँगवावे में लाग जाई आ जब ले निर्देश आई तब ले कहीं बहुते देर मत हो जाव. एगारह बीते आ चौदह आवे में देरिये कतना लागे के बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up