बतकुच्चन – १४

by | Jun 8, 2011 | 2 comments

जमाना औचक चहुँप के भौचक करे के चल रहल बा त सोचनी आजु एही चक पर कुछ बकचक कइल जाव. चक कहल जाला जमीन के कवनो बड़का खण्ड के आ एही से जमीन के छोट छोट टुकड़ा मिला के चक बनावल जाला त ओकरा के चकबन्दी कहल जाला. अब चकबन्दी के शाब्दिक अर्थ त इहे भइल बाकिर व्यावहारिक अर्थ देखल जाव त ऊ चक दोसरो तरह के हो सकेला. जइसे कि अपना वोटरन के चक. आ ओह चक के बान्हि के अपना साथे राखे वाला चकबन्दी खातिर आपन पावर देखावल. कबहु कवनो आफिस में चहुँप के ओहिजा के सेवा लेबे वाला लोग के प्रभावित कइल जा सकेला. पहिले का जमाना में राजा रात बेरात आपन परिचय छुपाके अपना प्रजा के हाल जानत रहे लोग. अबके राजा भा रानी आपन परिचय छुपा के ना, देखावत घूमेला काहे कि ओह से अपना वोटरन के चकबन्दी करे में सुविधा होला. अब एही से अपना राजनीति के चकचक भा चकाचक कइल जाला.

चक आ चाकर में कवनो आपसी संबंध ना होला. चाकर ओकरा के कहल जाला जे चाकरी करे, रउरा हुकुम पर राउर सेवा करे. नेता लोग के जनता आपन चाकर बनावल चाहेले बाकिर नेता लोग धीरे से कब जनते के आपन चाकर बना लेले से पता ना लागे. चाकर आ चकइठ के एके मतलब होला बाकिर चकइठ मोट झोंट आ विशाल होला. काम के आलसी आ पेट के तेज चाकर त मोटइबे नू करी आ तब ओकरा चकइठ बने में देरे कतना लागी. देखीला ना, नेता लोग कतना चकइठ हो जाला. चक से चकमा आ चकला दुनु होला बाकिर चकमा आ चकला के चक से कवनो नाता ना होला. चकमा दिहल त चकइठ चाकरन के रोजे के काम हऽ. चकला त रोटी बेले वाला प्लेटो के कहल जाला जवना पर बेलन से रोटी भा कुछ दोसर बेलाले आ ओहू जगहा के जहाँ वारांगना रहेली सँ. देख लीं फेर एगो शब्द में एगो मात्रा के अंतर से कतना कुछ बदल जाला काहे कि वीरांगना, बहादुर महिला, आदर के पात्र होली जबकि वारांगना, बेसवा, घिन के. देख लीं एके चक के चकफेरी करत कहाँ से कहाँ आ गइनी.

Loading

2 Comments

  1. OP_Singh

    बहुत बहुत धन्यवाद प्रभाकर जी,

    रउरा कहल बाति से मजा आ जाले. अलग बात बा कि बहुते कम लोग दोसरा के लिखल पर टीका टिप्पणी करेला आ इहे हमनी के सबले बड़ कमजोरी बा. हर आदमी का लगे कुछ अइसन मिल जाई जवन दोसरा खातिर थाती बन जाव. अंग्रेजी अखबारन में देखीले कि एक एक पोस्ट पर सैकड़न में टिप्पणी आवेला. टीका टिप्पणी ना मिलला से समुझे में ना आवे कि जवन परोसात बा तवन सामने वाला के नीक लागत बा कि ना.

    सादर,
    राउर
    ओम

  2. प्रभाकर पाण्डेय

    हम जेयादे चकचक ना करत बस इहे कहबि कि इ लेख चकाचक बा। वइसे चक, नचनी (करघा में के एगो लकड़ी)के भी कहल जाला। वइसे आजकल लोग भकचोन्हर के चकचोन्हर भी कहता। कहीं-कहीं चकवा चिरई के चक भी कहल जाला अउर पहिया के भी..माने चक्का के चक हो गइल बा। खैर कवन चक कवने चक से जुड़ल बा इ त हमरा पता नइखे पर इ जरूर पता बा की अपना चक बढ़ावे की चक्कर में हर चकदार कवनो ना कवनो भस्टाचार चकदार से जरूर जुड़ल बा।। भारत के राजनीति अउर परसासन एगो एइसन चक हो गइल बा जवने घाँसि-पाति ही जेयादे उग रहल बा। समय निकालि के ए चक के साफ-सफाई जरूरी बा।
    सादर।।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up