बतकुच्चन २०

by | Jul 25, 2011 | 0 comments

पिछला पखवारे राजनीतिक हिसाब से बहुते हंगामेदार रहल. एह बीच कुछ लोग माल सरका के सरकार से सरकि लिहले त कुछ लोग अपना सरकावे का काबिलियत का चलते सरकार में घुसे के हिसाब किताब लगावे में लागल रहले. अलग बाति बा कि उनकर चलल ना. अब सरकल दू तरह के होला. एगो त कवनो ऊँच चीज से सरक के नीचे आइल त दोसरे खात पियत घरी अचके में अगर साँस का नली में कुछ चलि जावो त ओकरो के सरकल कहाले. ई दूसरका सरकल वइसने लागेला जइसे केहू गरदन पर सरकँवासि लगा के खींच दिहले होखे. दुनु में साँस रूके के हालत हो जाले. सरकँवासि गाँठ बान्हे के ओह तरीका के कहल जाले जवना में एगो छोर दोसरा पर सरकत जाले आ कसे खातिर बस एगो के खींचे के पड़ेला. अब कई बेर कुछ लोग एह सरकवाँसि के दोसरो तरीका से इस्तेमाल कर लेले. जइसे कि केहू के अतना ढील दे दिहल कि ऊ अपने में अझूरा जाव आ तब धीरे से एक झटका दे दिहल जाव ओह ढील पर त ऊ अपने चाल में फँस के बेबस हो जाले. अब एह ढील के माथ में पड़े वाला ढील से कवनो सीधा नाता त ना होले बाकिर दुनु ढिलाइये से होला. केहू के ढील दिहला के मतलबे होला ओकरा के गहिरा खाई का तरफ जाये दिहल. ढील पाके शायदे केहू सुधरल होखे. अकसर बड़का घर के लड़िका एही ढील का चलते अतना बिगड़ जाले कि घर परिवार के ढाल कवनो कामे ना आ पावे आ ऊ ढलवाँ राह पर ढलकत चलि जाले. हँ त एह ढलकल आ ढरकल में अंतर होले. अपने से गिरीं त ढलकल दोसर केहू गिरा देव त ढरकल. जब कवनो चीज भा आदमी अपने से नीचे सरकत जाव त ऊ ढरकत होला. बाकिर जब दोसर केहू कवनो चीज बतुस के नीचे गिरावे त ओकरा के ढरकावल कहल जाले. बतुस पर याद आइल कि ह त ई वस्तु के बिगड़ल रुप बाकिर अगर सुधार दीं त भोजपुरी लायक ना रहि जाई. भोजपुरी में बतुसे ठीक लागेला. बाति दोहरवला जइसन लागी बाकिर जानल जरुरी बा कि हर भाषा के आपन सुभाव होला आ ओकर शब्द ओकरा सुभावे माफिक होखे के चाहीं. अब आजु माफी दीहीं सभे. बाकी फेर अगिला हफ्ता.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up