बतकुच्चन २४

by | Aug 24, 2011 | 1 comment

का होई जब राउर टहलुआ रउरे के टहलावे लागे ? टहलुआ ऊ जे टहल करे, सेवा करे, राउर छोट मोट काम रउरा कहला पर कइल करे. टहलुआ के स्त्रीलिंग टहलनी होला. सेवा टहल करे खातिर जनता अपना सांसद विधायकन के चुनेले बाकिर चुनाते ऊ लोग चुने वालन के टरकावे लागेला, एने से ओने टहलावे लागेला. हालांकि टहलावे से बेसी सुभीता टहरावे शब्द में बा. कम से कम टहल से मतिभ्रम त ना कराई. बाकिर टहलल शब्द बहुते बेसी इस्तेमाल का चलते सही मानल जाये के चाहीं. एहिजा त टरकावे का मकसद से टहरावे के जिक्र भइल बा बाकिर जनता अतना आसानी से ना टरके. तबो ना जब टहलुआ के हरकत घाव बन के आत्मा में टभके लागे, आँखि से लोर बनि के टपके लागे. टपकल त आमो महुआ करेला जवना के बिने खातिर फजीरही से चुननिहार आपन झोरा दउरी लिहले ओकरा फेंड़ का नीचे टपाटप चुनत जाले हर टपकल महुआ भा आम के. शायद अइसहीं टपके लागेले नेता लोग चुनाव का बेरा. पुरनका पार्टी के पाकल आम महुआ जब जान जाले कि अब एह डाढ़ पर ढेर दिन के टिकान नइखे बाचल त ऊ टपके खातिर तइयार हो जाले आ टपकावे वाला लोग पता ना का सोच के ओकरा टपके के इन्तजारो ना करसु आ ओह टपकुआ के सोझे अपना झोरी में टपका लेले. झोरी में ढेर टपकल बिटोरा जाव त गाँव जवार में सनेस पसरि जाला कि फलनवा के अबकी चलती बुझात बा. आजुकाल्हु यूपी में एही तरह विधायक टपाटप टपकत बाड़े, केहू सपा का झोरी में केहू बसपा का झोरी में आ कांग्रेस भाजपा टुकुर टुकुर ताके में लागल बा कि शायद केहू ओनियो टपके. खैर बात चलल रहे टहलुआ से आ टघरत पता ना केने केने घूमि लिहलसि. कर्नाटक में भाजपा के मुख्यमंत्री पर जमीन घोटाला खनन घोटाला के आरोप लागल त उनुका त इस्तीफा दे देबे के पड़ल जबकि दिल्ली के मुख्यमंत्री घेरइली त कांग्रेस सोझे मुँह बिचुका दिहलसि कि शीला अइसन कवनो कसूर नइखी कइले कि उनुका के हटा दिहल जाव भा उनुका से इस्तीफा माँग लिहल जाव. अब विपक्ष कतनो टरटरात रहे, टेर लगावत रहे, कांग्रेस ओकर सुने वाला नइखे. इहे बड़का के निशानी ह कि कुकुर भूके हजार हाथी चले बाजार. लोग के कहला सुनला पर चलि के ओकरा रामराज्य त चलावे के नइखे जे बाद में पूरा दुनिया फेर ओकरे के दोषी ठहराई कि जब ऊ जानत रहले कि सीता बेकसूर बाड़ी त उनुका के जंगल में भेजले काहे ! जनता के कवन ठेकान !

Loading

1 Comment

  1. राहुल सिंह

    इसी जनता की नब्‍ज जिसने समझी वह नेता.

Leave a Reply to राहुल सिंह

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up