बतकुच्चन – २५

by | Aug 25, 2011 | 0 comments

आजु जब हम ई लिख रहल बानी त मन बहुते अँउजाइल बा. तीन दिन से कुछ काम नइखे हो पावत. सगरी धेयान ओहिजा लागल बा जहवाँ दू गो पक्ष एह तरह से लड़त बा कि “बतिया पंचे के रही बाकिर खूंटवा रहिये पे रही”. केहू दोसरा के सुनल नइखे चाहत आपने राग गावऽता. “हम कहीं से सही तोहार काहे रही” वाला बहस जब दू पक्ष में होखे लागे त तिसरइत के फायदा होखे लागेला. अबहियो उहे हो रहल बा. जे खुद कुछ नइखे कर पावत, जेकरा गोहार पर केहू आवत नइखे, जेकर निहोरा केहू सुनत नइखे ओकरो मौका मिल गइल बा बहत गंगा मे डुबकी लगा लेबे के. सुनत आइल रहनी कि नेता तीन तरह के होले आ आजु देखहू के मिले लागल बा. पहिला ऊ जे अपना पीछे चले वाला लोग जुटा लेव, दुसरका ऊ जे भीड़ देख के आगे कूद जाव आ तिसरका ऊ जेकरा के देख के साफ ना हो पावे कि लोग ओकरा पाछा बा कि ओकर पीछा करत बा. एहू आग में आपन लिट्टी सेंके वाला लोग के कमी नइखे. बाकिर कहल गइल बा कि आपन बेटिया निमन रहीत त बिरान पारीत गारी ! जब कमी अपने बेटी में बा त लोग त गारी देबे करी. आजु सरकारो के इहे हाल हो गइल बा. अतना सलाहकार जुट गइल बाड़े ओकरा लगे कि कुछऊ ठीक से नइखे हो पावत. पहिला माला पहिराई फेर गरियाई. जब देखी कि गारी उलटे पड़त बा त कह दी कि ना अब गरियावे के नइखे. पहिले जेल भेज दीं, फेर ओकरा पाछा खड़ा भीड़ देखि के ओकर रिहाई के आदेश दे दीं. आ देखीं ना सामने वाला राउर कमजोरी पकड़ि के केतरह अपना शर्त पर अड़ गइल बा. चाहीं त अतना आ ना देबऽ त ले के रहब. अब एह “उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी” वाला हालात में दोसर केहू त ले आइल नइखे. एहीसे कहल जाला शायद कि “हे भगवान पगलवा के नोह मत दीहऽ ना त अपने के बखोर ली !” अइसनका जमात के दुश्मन के कवन जरूरत. ऊ त अपने आपन टाँग काटे खातिर बहुत बा.जबकि राजनीति कहेला कि सामने वाला के अतना लमहर डोर दे दीं कि ऊ अपने अझूरा जाव आ रउरा बस एक बेर झटका दिहल बाकी रहे ! एही तरह के एगो सूत्र वाक्य अउरी हवे कि अपना दुश्मन के चेहरा पर वार मत करीं आ ओकरा के कबो कोना में मत घेरीं हमेशा भागे के जगहा दे के राखीं ! (18/08/11)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up