भोजपुरी रंगकर्म संस्था रंगश्री के नाट्यलेखन प्रतियोगिता

by | Aug 6, 2017 | 0 comments


भोजपुरी भाषा आ साहित्य के प्रति भोजपुरिया लोग हमेशा से लागल रहल बा. कई दशकन से ई एगो आंदोलन के रूप ले लेले बा। एह आंदोलन के तहत भोजपुरी नाट्य साहित्य के समृद्ध करे में साल 1978 से लागल बा रंगश्री। रंगश्री संस्था के शुरुआत भले बोकारो से भइल बाकिर एकर नाट्य मंचन देश भर के कई प्रमुख शहरन में हो चुकल बा। लगभग 16 साल से रंगश्री दिल्ली में भोजपुरी रंगकर्म के खड़ा करे में आपन सक्रिय भूमिका निभा रहल बा। रंगश्री के संस्थापक आ सुप्रसिद्ध रंगकर्मी महेंद्र प्रसाद सिंह जी के भोजपुरी रंगकर्म खातिर दिल्ली सरकार “बिहार सम्मान” से नवाजियो चुकल बा।

भोजपुरी नाट्य-साहित्य के संरक्षित आ समृद्ध करे में लागल संस्था “रंगश्री” के हमेशा से एगो कोशिश रहल बा कि भोजपुरी नाटकन के मंचन देश के अलग-अलग कोना में होत रहे। एकरा साथे – साथे इहो कोशिश रहल बा कि भोजपुरी के नाटक दोसरा भाषा में आ दोसरा भाषा के नाटक भोजपुरी में होखे ताकि भोजपुरी नाटकन के आउर सशक्त बनावे में आ लोग के असली भोजपुरी से साक्षात्कार करावे में एक कदम आगे बढ़ल जाव। रंगश्री के प्रयास रहल बा कि भोजपुरी के नया-नया कलाकारनो के आगे बढ़ावल जाव. एहिसे रंगश्री आयोजित कर रहल बा “रंगश्री नाट्य लेखन प्रतियोगिता”।

एह प्रतियोगिता में केहूओ आपन भोजपुरी नाटक भेज के शामिल हो सकेला। नाटक के अवधि कम से कम 1 घंटा के होखे के चाहीं। नाटक भेजे के आखिरी तारीख बा 31 अगस्त 2017, अक्टूबर में विजेता के घोषणा होई आ पहिला, दूसरा, तीसरा स्थान पावे वाला लेखक के इनाम स्वरूप नगद राशिओ मिली। एह अभियान के आउर मजबूती देवे खातिर नवजागरण प्रकाशन चयनित नाटकन के प्रकाशन कराई. भोजपुरी में लिखेवाला लोग खातिर ई एगो सुनहरा मौका बा। प्रतियोगिता में भाग लेवे के आखिरी तारीख 31 अगस्त बा अधिका जानकारी खातिर 011-42781030 भा 09911058431 नंबरन प सम्पर्क कइल जा सकेला।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up