अधकपारी झेले वाला के एहसे बड़ डर दोसर ना होला कि ओकरा पर फेर अधकपारी के दौरा पड़े वाला बा. काहे कि एकरा साथही आवेला मन हुलियाये, उबकी, घुमरी, आ रोशनी अउर आवाज से जुड़ल कष्ट. अगर रउरा अधकपारी से परेशान बानी त ई किताब रउरा काम के बा. अंगरेजी में लिखल “Migraines For The Informed Woman – Tips From a Sufferer” अधकपारी का बारे में हर बाति के जानकारी एगो वैज्ञानिक तरीका से रउरा सोझा राखेले बाकिर बहुते आसानी से समुझ में आवे लायक बना के. एकरा से रउरा एगो सही नजरिया मिल पाई अधकपारी के नियन्त्रण में राखे के.

अधकपारी का बारे में तरह तरह के गलतफहमी आ सुझाव सुने के मिली कि हई मत खा, हऊ मत खा, हई मत करऽ वगैरह वगैरह. बाकिर एह किताब में रउरा के बतावल जाई कि का खाइल जा सकेला, का कइल जा सकेला. चूंकि एह किताब के लेखिका ममता सिंह खुदे एह बीमारी से बरीसन से लड़त आवत बाड़ी एहसे ऊ बहुते बढ़िया तरह से रउरा के समुझा सकेली कि कइसे एह बीमारी के निदान आ वर्गीकरण, इलाज आ नियन्त्रण कइल जा सकेला. उनकर दिहल व्यावहारिक सुझाव राउर हर जगहा सहायता करी घर से ले के दफ्तर ले. एक किताब में अधकपारी के नकारात्मक तरीका से ना देखि के सकारात्मक तरीका से देखल गइल बा.

ममता सिंह के अबले तीन गो किताब अंगरेजी में प्रकाशित हो चुकल बा. Migraines For The Informed Woman (Rupa & Co. Publishers), Mentor Your Mind (Sterling Publishers. EDR: April 2011) आ Rev Up Your Life! (Hay House India. EDR: June 2011). अकरा अलावे ममता सिंह हॉलिस्टिक हेल्थ थेरापिस्ट के प्रमाणित डिप्लोमा होल्डर, अमेरिका में आईएफए प्रमाणित एरोबिक इन्स्ट्रक्टर आ स्पोर्ट्स न्यूट्रनिस्टो हई. ममता सिंह दुनिया भर में अनेकन वेबसाइटन पर स्वास्थ्य आ फिटनेस पर नियमित रुप से लिखत रहेली. अपना व्यस्त समय में से कुछ कुछ ऊ अँजोरियो खातिर लिखत रहे के आश्वासन दिहले बाड़ी. जल्दिये ममता सिंह के लिखल पोस्ट अँजोरिया पर प्रकाशित होखल करी.

ममता सिंह से संपर्क खातिर

Website – www.fullbloomfreelance.com
Follow Me on Twitter – @MamtaSingh_
BlackBerry – 21F64542

Loading

%d bloggers like this: