bhor-bhinusarभोर भिनुसार

“भोर भिनुसार” संतोष कुमार के कविता संग्रह हटे, जवना के प्रकाशन सन् 2015 में शारदा पुस्तक मंदिर, एफ- 163/डी, दिलशाद कोलानी, दिल्ली-110095 से भइल बा. एकर कीमत 250 रुपिया बाटे.

 

संग्रह के मए कविता छंदमुक्त बाड़ी सन. इहाँके मेला शीर्षक कविता के एगो काव्यांश देखल जाव –

ई दुनिया एगो मेला हऽ

बड़का झमेला हऽ

अदिमी के भीड़ हऽ

कबहूँ बसत तऽ कबहूँ

उजड़त नीड़ हऽ

(“भोर भिनुसार” से)

 

जन-जीवन से जुड़ल अनेक विषयन पर एक से एक कविता एह संग्रह में बाड़ी सन. उमेदि कइल जाएके चाहीं कि एकराके पाठक वर्ग जरूर पसन्न करी.

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

ramraksha.mishra@yahoo.com

Loading

%d bloggers like this: