चिन्ता में झटकल जात एह देश के राजनीतिक जमात (बतकुच्चन – ११८)

by | Jul 17, 2013 | 0 comments


बरखा के मौसम बा. झटास झटहा जस लागे लागत बा. बरखा के पानी के बौझार जब हवा के झोंका से उड़ के एने ओने आवेला त ओकरा के झटास कहल जाला. . झटास संगे आइल पानी के बूंद कबो कबो चोट जइसन लागेला बुझाला कि केहु झटहा चला के मारत बा. झटहा छोट छड़ी के कहल जाला आ ओकरा के फेंक फेंक के गाछ पर फरल फल तूड़ल जाला. आ एही से बन गइल झटहेरल. कवनो गाछ के पूरा झार लिहल जाव त कहल जाला कि पूरा झटहेर दिहल गइल बा. ठीक ओही तरह जइसे देश में सेकूलरिज्म का झटहा से वोट के गाछ झटहेरल जात रहेला. नक्सली आ आतंकी केहू के घेर के मार देसु त केहु बोले वाला ना होला बाकिर अगर कवनो नक्सली भा आतंकी के पुलिस मार देव त चारो ओर से कुकुरबझाँव होखे लागेला. पता ना कतना मानवाधिकारी आ सेकूलर वक्ता बरखा में निकलल ढेबुसा बेंगन का तरह चिल्लाए लागेलें. लागेला कि एह देश में अधिकार बा त बस आतंकी आ नक्सलियने के. आ एही चिन्ता में एह देश के बड़हन राजनीतिक जमात झटकल जात बा आ अइसन चिंता जता जता के वोट झटकले जात बा. अब झटकल के चरचा आ गइल त बता दिहल जरूरी बा कि झटकल के तीन गो माने होला. एगो माने होला जब केहू के बुड़बक बना के भा जबरिया ओकर कवनो चीझु ले लिहल जाव. दुसरका माने होला तेज चलल. तनी झटकाहे चलऽ देरी होत बा. अब अतना त झटकल आवत बानी अउर कतना झटकीं? आ तिसरका माने होला जब आदमी कवनो चिंता भा बेमारी से दुबरा जाव, कमजोर लउके लागे. कहल जाला कि फलनवा बेमारी से झटकल बा ना त अतना दुबर कमजोर ना लागत रहे. अब उत्तराखंड में अतना बड़ तबाही आइल. हजारन लोग मर गइल. पता ना कई सैकड़ा लाश एही तरह सड़ गइली सँ आ ओकनी के अंतिम संस्कार ले ना हो पावल. तनी सोचीं कि अगर अइसने कवनो दोसर दुर्घटना दोसर धार्मिक जमात का संगे भइल रहीत त कतना चिल्ल पों मचल रहीत. मुआविजा के बरखा होखे लागीत. बाकिर एह घटना में मुआविजा त दूर के बात कतना दिन ले हजारन लोग भूखे पियासल तड़पत रह गइल बाकिर कवनो सहायता ना चहुँपावल जा सकल. का एह देश के बहुसंख्यक जमात के चिंता केहु के नइखे? का ओकर काम खाली झटहा झेले के बा, झटहेराए के बा ? का ओकरा खातिर केहु झटकल ना लउकी ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up