तहरा घरे भोज तवन हमरा घरे रोज (बतकुच्चन – १४३)

by | Jan 15, 2014 | 0 comments

admin
एगो कहाउत ह कि जवन तहरा घरे भोज तवन हमरा घरे रोज. कुछ अइसने भइल रहे जब एके दिन एगो राजा अपना महतारी के सराध का बारे में कहत रहले कि अइसन सराध आजु ले केहू ना कइले होखी. एगो दरबारी कहलसि कि ना हुजूर रउरा से अधिका त हरखुआ कइलसि. राउर त सब कुछ जस के तस पड़ल बा, ओकर त घर जमीन सब बिका गइल. कहे के मतलब कि कवनो दू बात के तुलना हर बेर एके पैमाना प ना कइल जा सके. ओकरा खातिर अनुपात देखे के पड़ेला. काहे कि कवनो बड़का परिवार में रोजे डेढ़ दू सौ आदमी खात होखींहे जबकि पाँच बेकत के परिवार खातिर सौ दू सौ आदमी के खिआवल भोज हो जाई. अइसने एह घरी राजनीति के गोलन में देखल जा सकेला. मीडिया एक गोल के चुन लिहले बिया आ रोजे कवनो ना कवनो बहाने एक गोल के चरचा होखत बा. उनका सादगी के उनका ईमानदारी के. जबकि उनका ला जवन भोज बा तवन कुछ गोल में रोजे होखत आइल बा. ममता बनर्जी के सादगी, ईमानदारी, साधारण गाड़ी से चले, साधारण मकान में रहे, साधारण कपड़ा पहिरे के कवनो मीडिया अतना चरचा कबो ना कइले. गोवा के मुख्यमंत्रि परिकर स्कूटर से चलेलें, अपने फ्लैट में रहेले, सरकारी आवास में कार्यालय चलावेले बाकिर मीडिया उनको चरचा नइखे करत. उ त बस झाड़ूवाला के डंडा उठवले चलत बा. असल में मीडिया अब खुदे एगो गोल हो गइल बा. ओकर आपन मकसद बा, आपन चरखी चलावे के बा. जवना हाँड़ी में ओकरा मीठ लउकत बा ओने चिँउटी जस जूझ पड़त बा. पता ना सही कि गलत एगो गोल मीडिया के साधे के भरपूत कोशिश कइलसि. हर तरह के फायदा दिहलसि आ मीडिया ओकर डुगीओ ढेर दिन ले पिटलसि. बाकिर जब ओकरा लागल कि एह ढिबरी में ढेर दिन जरे लायक तेल नइखे त दोसर मलिकान खोजे निकल पड़ल. ओकरा त कवनो तरह से एगो खास आदमी के रोके के बा.

तीन दिन बाद संक्रांति बा. एकरा के हमनी का खिचड़ी के पर्व कहीले जा. संक्रांति हर महीने होले. जब जब सूरज एक राशि से निकल के दोसरा राशि में जाले त ओह दिन के संक्रांति कहल जाला. बाकिर संजोग अइसन बनल कि मकर संक्रांति त संक्रांति हो गइल आ बाकी एगारह गो संक्रांति के हमनी का साधारण मान लिहनी. एकरा पीछे के बड़का कारण बा कि मकर संक्रांति जाड़ा पाला से निकल के गरमी का ओर बढ़े के शुरूआत होला. कष्ट से निकल के आराम के जिनिगी के उमेद जगावेला. ओह दिन केहू के याद ना रहे कि आवत बा भंयकर गरमीओ के दिन. मौसम बदली त हमेशा बढ़िए ना होखी कबो कबो खराबो होला. बाकिर मौसम बदललो जरूरी होला. ना बदले त सगरी खेती चउपट हो जाई. जिनिगी नीरस हो जाई. राजनीतिओ के इ संक्रांति काल आइल बा. गुनगुनाइल सबेरा के आस जागल बा. बाकिर आदमी भुला जाता कि फोकट में कुछ ना मिले. एह तरह से ना त ओह तरह से हर चीझ के भुगतान करही के होला. फोकट में कुछ मिले का लालच में आगे बढ़ब त उहे होखी जवन एगो साधु के चिरइयन के भइल रहे. सिखावल पढ़ावल सब याद रहुवे कि शिकारी आएगा, जाल बिछाएगा, दाना डालेगा, लोभ में आ के फँसना मत. कहत दोहरावत रह गइली स चिरई बाकिर बहेलिया के डालल दाना चुगे का फेर में ओकरा जाल में फँसत चल गइली स.
इ साल देश ला बहुते खास होखे वाला बा. आगे गड़हो बा तनी सम्हारिए के चलब जा. जाई त सभे अपने राहे हम बस सावधान करावत बानी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up